देवताल गाँवपालिकाद्धारा बुढपुरनीया लोग के खातिर बस सेवा सञ्चालन

प्रभु यादव

बारा १० कातिक

बारा के देवताल गाँवपालिका गाँव बस सेवा सञ्चालन मे लिआईल बा ।

गाँवपालिका के ई बरीस के निति तथा कार्जक्रम मे घोषणा कईल बमोजिम बस संचालन मे लिआवल गईल गाँवपालिका के अध्यक्ष चन्दन कुमार सिंह जनकारी करावले बानी ।

गाँवपालिका के सामाजिक सुरक्षा भत्ता लेरहल बुढपुरनीया लोग के बैंक तक आवे जाएला बहुते कठिनाइ आ असहज भईला से गाँव बस सेवा संचालन मे लियावल गईल अध्यक्ष सिंह बतावले बानी ।

सञ्चालन मे आईल बस ३९ लाख के लागत मे खरिद कईल गईल गाँवपालिका जनकारी करावले बा । सेवा लेवेवाला सभे बुढ पुरनिया लोग के विना शुल्क सेवा प्रदान करे के पालिका जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।