पर्सा जिल्ला के शान्ति सुरक्षा मे कमि ना होखेके प्रउ पाण्डे के प्रतिवद्धत

वीरगंज ०२ असाढ

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के जिम्मेवारी सम्भारल ४ महिना ना बितते भन्सार छल के कईल करिब ८ करोड बराबर के मालसमान पर्सा पुलीस बरामद कईले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे आवते मातर आपन मातहात मे पडेवाला सभी युनिट के कडा निर्देशन देहला के बाद पुलीस धमाधम मालसमान पकडे लागला के बाद चार महिना ना बितते ८ करोड बराबर के अबैध तरिका से नेपाल लियावल मालसमान बरामद करेमे सफल भईल बा ।

प्रहरी उपरीक्षक पाण्डे के कडा निर्देशन मिलते मातर अपराध अनुसन्धान शाखा के प्रमुख प्रहरी नायब निरीक्षक सोभम बिक्रम राणा भी जिल्ला मे बढत गईल अपराधी क्रियाकलाप के साथ साथे सीमा से होखेवाला अबैध क्रियाकलाप मे भी निगरानी बढईला से चार महिना मे ८ करोड बराबर के मालसमान पकडेमे सफल भईल बतावल गईल बा । पर्सा के अनेकन नाका होत अबैध तरिका से आयात निर्यात करेवाला तस्करलोग मे भी पर्सा प्रहरी के कडा निगरानी से त्रास उत्पन्न भईल बतावल जाला ।

देश कोरोना जईसन महामारी से लड रहल अवस्था मे भी पर्सा पुलीस से उठावल कदम से स्थानीयलोग राहत महसूस करे मिलल बिषय कउनो नयाँ ना भईला पर भी आपन जिवन के ख्याल ना करके पर्सावासी के खातिर दिन रात खटरहल बिषय से पर्सा पुलीस के काम के बारेमे प्रष्ट भईल बा । अईसन महामारी के समय मे भी प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे आपन जिउ ज्यान के प्रवाह ना करके पर्सेली जनता के खातिर खट के सुरक्षा देत आईल सचेत नागरिक के कहनाम रहल बा ।

आपन संगठन के नीति निर्देशन विपरित ना जाके आपन जिम्मेवारी पूर्ण रूप से पालना करत आईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे बतवनी । उनका मुताविक जिल्ला मे निशेधाज्ञा के मौका मे कुछ तस्करलोग सलबलईला पर भी उलोग के मनसाय के बिफल करेमे सफल भईल बतवनी । अइर्एसन समय मे अपराधी क्रियाकलाप मे भी कमी आईल दाबी करत आपन नीति निर्देशन अनुरूप अगाडी बढ्त जाएके बतवनी । आपन मातहात मे पडेवाला सभी युनिट के कडा निर्देशन देहल आ निर्देशन विपरित काम करेवाला जे केहु के भी कानून बमोजिम कारवाही करेसे खुद पछाडि ना हटेके बतवनी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक बेल बहादुर पाण्डे से कडा निर्देशन देहला के बाद सीमा नाका स्थित रहल एक÷दु गो प्रहरी चौकि बाहेक आउर प्रमुखलोग आपन आपन क्षेत्र मे कडा निगरानी बढवले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।