डा. गोविन्द केसी के समर्थन मे वीरगंज मे प्रदर्शन

वीरगंज २१ कुवार

अनशनरत डाक्टर गोविन्द केसी के जीवन रक्षा के माग करत वीरगंज मे प्रदर्शन कईल बा । चिकित्सक, अधिकारकर्मी, अनेकन सामाजिक संघ संस्था आ राजनीतिक दल मे आवद्ध आदमीसब वीरगंज के घण्टाघर मे प्रदर्शन कईले बाडन ।

प्रदर्शन मे सहभागीलोग डाक्टर केसी के माग पूरा कर, डाक्टर केसी के अनशन माफिया के टेनसन, लुटतन्त्र बन्द कर लगायत के नारा लिखल प्लेकार्ड लेके प्रदर्शन कईले रहलन ।

प्रदर्शन मे सहभागी वीरगंज के ज्योति साह डाक्टर केसी सभी नेपाली के स्वास्थ्य के खातिर आपन स्वास्थ्य दाउ मे राखला से सरकार के दबाव देवे खातिर प्रदर्शन मे सहभागी भईल बतवनी ।

‘हम बाल अधिकार के पक्ष मे लागल आदमी, आजु डाक्टर गोविन्द केसी जईसन आदमी के त बात सरकार सुन रहल नइखे,’ कहत उ, ‘हमनी लईकालइकी के बात के सुनी ? अधिकार के खातिर लडेके पडि कहके पहिलका पाइला डाक्टर केसी के समर्थन मे चलले बानी ।’

जसपा के युवा नेता ओम प्रकाश सर्राफ डाक्टर केसी के जायज माग पूरा करे खातिर सरकार के दबाव देवेके उद्देश्य से प्रदर्शन कर रहल बतवनी ।

‘आम गरिब जनता के बेटाबेटी भी डाक्टर बने सकस, उपत्यका बाहर भी सरकारी मेडिकल कलेज खुलो कहके डाक्टर केसी अनशन मे बईठल बाडन ।

माकिर सरकार सुन रहल नइखे, एकरा से सरकार मेडिकल माफिया के कब्जा मे रहल प्रष्ट होखी ।’

नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी के सचिव डाक्टर उदय नारायण सिंह एगो सत्याग्रही आदमी १९ वाँ बेर अनशन मे रहेके अवस्था आईल दुःखद भईल बतवनी । ‘कउनो व्यक्तिगत स्वार्थ नइखे ।

आम नागरिक के खातिर लडत बानी, सहज स्वास्थ्य सेवा प्राप्ती होखो, चिकित्सा शिक्षा मे सभी के पहुँच होखो कहके अनशनरत बानी,’ डाक्टर सिंह कहनी कि, ‘उ बात पूरा करेके दायित्व लोकतान्त्रिक सरकार के भी ह, माकिर सरकार आ आम नागरिक दुनु सुतल बाडन, खबरदारी मार्फत जगावे के प्रयास कईल गईल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।