
वीरगंज ०४ असाढ
कोरोना संक्रमण के नियन्त्रण करे खातिर सरकार से लागु कईल लकडाउन से प्रभावित पर्सा के अनेकन मठमन्दिर के पुजारीलोग के विश्व हिन्दु परिषद नेपाल राहत वितरण कईले बा । कोरोना संक्रमण के नियन्त्रण करे खातिर सरकार से बैशाख १६ गते से देशभर हि लकडाउन लगवले रहे ।
लकडाउन के चतले पर्सा जिल्ला के अनेकन मठमन्दिरसब निरन्तर बन्द रहल बा । मठमन्दिर बन्द भईला पर उहाँ रहल पुजारी के दैनिकी चलावेमे समस्या होत आईल रहे । सरकार से राहत उपलब्ध ना करईला के बाद अनेकन सहजोगी दाता से उपलब्ध करावल राहत से जेनतेन जिविकोपार्जन करत आईल बाडन ।
शुक के दिने परिषद नेपाल से उपलब्ध करावल राहत से पुजारीलोग मे आउर मद्दत पुगल बा । विहिप से मठमन्दिर के पुजारीलोग के राहत स्वरुप चाउर, दाल, नुन, खानेतेल, आलु, प्याज लगायत के जरुरी खाद्यन्न समान उपलब्ध करावल परिषद के महासचिव जितेन्द्र कुमार सिंह बतवनी ।
विहिप पर्सा जिल्ला मे मात्र ना होके देशभरी के छोटा छोटा मठमन्दिर जउन जगहा मे राहत के जरुरत बा आ उ जगहा मे पुगके जरुरी खाद्यन्न समान तथा स्वास्थ्य समान उपलब्ध करावत आईल उ बतवनी । उलोग मे देखल गईल कमी के कम भईला पर भी राहत उपलब्ध कराके मल्हम लगावे के काम मात्र कईल उ बतवनी ।
विश्व हिन्दु परिषद से आपन समाज के संगठित बनावत विपद् मे पडल अवस्था मे राहत तथा उद्दार काम मे अहोरात्र खटत आईल बा । परिषद से असहाय के भोजन व्यवस्था, मेडिकल शिविर, जाडायाम मे न्यानो कपडा वितरण, निशुल्क योग प्रशिक्षण, आयुर्वेद औषधालय संचालन, युवा लक्षितक स्वरोजकारमुलक प्रशिक्षण संचालन लगायत के आपन सेवा संचालन करत आईल बा ।





