किसानलोग के कृषि समान देहल गईल

प्रभु यादव

बारा ०४ असाढ

बारा के फेटा गाँवपालिका वार्ड नम्वर ३ के किसान सब के कृषि समान देहल गईल बा ।

विश्वास कृषक समूह के २७ जने के पम्पीसेट ३ गो, सिचाई विद्युत मोटर २८ गो, स्पेयर टंकी ३० गो, प्रङ्गारीक खाद आ सूक्ष्म तत्व आ जहर सब देहल गईल कृषि प्राविधिक सजय कुशवाह जनकारी करावले बानी ।

कृषि समाग्री वितरण करत गाँवपालिका अध्यक्ष अमिरिलाल प्रसाद किसान सब के खेती मे उपज बढावेला सहजोग पुगे खातिर समान देहल गईल जानकारी करावले रहनी । सभे जनता के खाद्यान्न के अहम जिमेवार भईल किसान लोग के प्राविधिक सहजोग सँगे सँगे खेति मे लागेवाला समान सब देहला से उपज मे अधिक लेहल जाएके विश्वास रहल जनावले रहनी ।

कार्जक्रम समूह के अध्यक्ष मदन प्रसाद कुर्मी के सभापतित्व मे भईल जवना मे कार्यपालिका सदस्य विराजमन साह, आलोक मण्डल, लगायत समूह के सदस्य लोग के सहभागीता रहल प्राविधिक कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।