ठन्का से एक जने के मृत्यु, दु जने घायल
प्रभु यादव
बारा ०९ असाढ
बारा के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २० बस्डीलवा मे ठन्का से एक जने मरले दु जने घायल भईल बाडन । दिन भर मेघ बरसला से आ रोके क्रम रहल पर ठन्का गिर के साँझ के छव बजे ठन्का से एक जने मरल बाडन आ दु जने घायल भईल बाडन ।
ठन्का लाग के जितपुर सिमरा उपमहानगरपालिका वार्डः–२० बसडिलवा टोल के २८ बरीस के विजय यादव मृत्यु भईल प्रहरी नायब उपरीक्षक एवम् प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी करावले बानी ।
दिनभर पानी परला से साँझ छव बजे पानी ठन्का गिरला से स्थानीय सहमुदिन अंसारी ६० बरीस के शान्ती देवी ठाकुर घायल भईल प्रहरी जनवले बा । घायल लोग के वीरगंज मे ईलाज होरहल बा ।






