संसदीय कोष के बजेट मे उपभोक्ता समिति के मनमौजी रहल आरोप

वीरगंज ०९ असाढ
संसदीय कोष से वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ३१ बेल्वा, कोन्हीया मे ढलान सडक तथा नाला निर्माण मे उपभोक्ता समिति से अनियमितता कईल स्थानीय आरोप लगवले बाडन ।
रु. २२ लाख के लागत मे २५ फिट रोड ढलान करके व्यापक भ्रष्टचार कईल कोन्हीया के स्थानीय सुबास साह आरोप लगवले बानी । संसदीय कोष से छुट्यावल ग्रेभल सडक, नाला निर्माण के खातिर रु. ५० लाख बजेट से उपभोक्ता समिति बनाके सडक तथा नाला निर्माण मे व्यापक भ्रष्टाचार कईल उनकर आरोप बा ।
जनता के सुविधा के खातिर सांसद से छुट्यावल बजेट शहरी तथा भवन निर्माण आयोजना कार्यालय मार्फत स्थानीय विरा राउत कुर्मी के अध्यक्षता मे उपभोक्ता समिति गठन करके निर्माण के जिम्मा देहल गईल रहे । आयोजना कार्यालय के लागत अनुमान बजेट रु. ४८ लाख आ जनश्रमदान से १२ लाख ३१ हजार ४०२ रोपेया करके कुल ६० लाख ३१ हजार ४०२ रोपेया के लागत मे ग्रेवल सडक आ नाला निर्माण के उपभोक्ता समिति के जिम्मा देहले रहे ।
माकिर उपभोक्ता समिति लागत एस्टीमेट मुताविक काम ना कईल स्थानीय आरोप लगवले बाडन । लागत एस्टीमेट मुताविक ग्रेवल सडक आ रास्ता के दु ओरीइ नाला निर्माण करेके रहे । उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष कुर्मी आपन बल प्रयोग करके मनोमानी तयिरका से एक ओरी के नाला मात्र निकाल के व्यापक अनियमितता कईल आरोप लगवले बाडन ।
गाँव मे विकास के खातिर बजेट आईल बारेमे जानकारी मिलला के बाद स्थानीय गाँवभर मे भेला होके जरुरत मुताविक के निर्माण काम मे बजेट प्रयोग करेके निर्णय कईले रहे । उहे निर्णय मुताविक कैयनलोग रास्ता मे पडेवाला आपन घर, संरचनासब हटावल गईल कहत स्थानीय शंकर पटेल ना त इहां सडक हि बनल ना त ना हि बनावल गईल बा । उहाँ के दर्जनो घर मे पानी जम रहल बा ।
१८२ मिटर मे सडक ढलान करेके रहे आ उपभोक्ता समिति पहिलका चरण मे २८ लाख के लागत मे १५७ मिटर ढलान सडक आ एक ओरी साईड के नाला निर्माण कईल बा । दुसरका चरण मे २५ फिट ढलान सडक मे मात्र रु. २२ लाख खर्च करके व्यापक भ्रष्टाचार कईल स्थानिय सुभास गुप्ता बतवनी ।
समिति के धाधली के बारे मे उच्च अदालत मे मुद्दा भी दर्ता करावल बतवनी । सडक निर्माण मे अनियमितता तथा बलजफत आपन जमिन हडपला से तत्काल रोक्का करे खातिर उच्च अदालत वीरगंज मे मिति २०७७ फागुन १४ गते मे उपभोक्ता समिति विरुद्ध उजुरी दर्ता करावल गईल रहे ।
उच्च अदालत तत्काल रोक्का कईला पर भी अदालत के आदेश ना मान के राजनितिक शक्ती के आड मे आपन घर भसका के अलपत्र छोडल कामेसर महतो बतवनी ।
एने उपभोक्ता समिति के अध्यक्ष विरा राउत कुर्मी खुद उपर लगावल आरोप निराधार रहल बतवनी । उ काम करेके समय मे सभी के चित बुझावे ना सकल जाई, कुछ राजनितिक पूर्वाग्रह के आदमी के व्यक्तिगत स्वार्थ पुरा ना भईला से खुद उपर गलत आरोप लगावत आईल बतवनी ।
उ १८२ मिटर सडक ढलान आ नाला निर्माण करेके एस्टिमेट भईला परभी एक ओरी के नाला के जरुरत ना देखल गईला से ना बनावल बतावत राजनितिक पूर्वाग्रह होके खुद उपर आरोप लगावेलन ।






