कोरोना परीक्षण मेसिन जिल्ला–जिल्ला मे राखेके पडि : प्रदेश २ के सभामुख यादव

काठमाण्डु ३ वैशाख,
प्रदेश २ के प्रदेशसभा के सभामुख सरोजकुमार यादव कोरोना परीक्षण मेसिन उपलब्ध करावे खातिर संघीय सरकारसमक्ष माग कईले बाडन ।
बुध के दिने राष्ट्रियसभा के अध्यक्ष गणेशप्रसाद तिमिल्सिना सँगे के भिडियो कन्फरेन्सबाट भईल (भर्चुअल) बईठक मे भाग लेत सभामुख यादव अईसन माग कईले बाडन ।
‘संघीय सरकार हरेक जिल्ला मे कोरोना परीक्षण के खातिर मेसिन उपलब्ध करावे के पडल’ संघीय सरकार के भूमिका के बारे मे उ कहनी ।
मन्त्रिपरिषद के निर्णय कार्यान्वयन मे भी देरी हो रहल उनकर कहनाम बा । राहत वितरण के आउर प्रभावकारी बनावे खातिर भी सभामुख यादव सुझाव देहनी ।
यादव प्रदेश दु मे कोरोना रोकथाम आ नियन्त्रण के खातिर भईल काम के बारेमे भी जानकारी करवनी । भर्चुअल बईठक जारी बा । बईठक मे सातु प्रदेश के सभामुख सहभागी बाडन ।






