सखुवा प्रसौनी गा.पा. के सात वाँ गाँवसभा पुरा

वीरगंज १० असाढ

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के सात वाँ गाँव सभा नीति तथा कार्जक्रम आजु गाँवपालिका के सभा हल मे पुरा भईल बा ।

आर्थिक बरीस ०७८÷७९ के खातिर गाँव सभा से ५४ करोड १६ लाख ७३ हजार बराबर के अनुमानित बजेट गाँवपालिका उपाध्यक्ष फुलमती देबी प्रस्तुत कईले रहनी । गाँव सभा के नीति तथा कार्जक्रम के गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जैसवाल उदघाट कईले रहनी । उदघाटन करत अध्यक्ष जैसवाल जनतालोग से कईल वाचा हमनी जित के आईल जनप्रतिनिधिलोग सकेभर पुरा कईले बानी ।

चार बरीस बितल अब छ महिना मात्र बाकी रहला से बाकी काम करके देखावेके, जनप्रतिनिधि आ कर्मचारीलोग के समन्वय मे मेहनत से पूरा होखेके बिश्वास रहल अध्यक्ष जैसवाल बतवनी । गाँव सभा मे पहिलका प्राथमिकता मे शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि पर्यटन, भौतिक बिकास, जनानी लईकालइकी बिपन ब्यस्थापन, कोरोना महामारी नियन्त्रण लगायत मे बजेट बिनियोजन कईल गाँवपालिका प्रमुख प्रसासशकिय अधिकृत सन्देश यादव बतवनी ।

गाँव सभा मे वार्ड अध्यक्ष, कार्यपालिका सदस्य, जनानी सदस्य, जनप्रतिनिधि, कर्मचारी लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।