वार्ड नं. ११ श्रीपुर पूर्ण खोप घोषणा

वीरगंज १३ असाढ,

वीरगंज महानगरपालिका के वार्डसब क्रमशः पूर्ण खोप वार्ड घोषणा होत जा रहल बा । एक हप्ता भितर मे वार्ड नम्बर ६, ८, १३, १४ आ १५ पूर्ण खोप घोषणा भईल बीरगंज महानगरपालिका जनवले बा ।

एहितरे महानगरपालिका एतवार के दिने वार्ड नं.– ११ श्रीपुर के भी पूर्ण खोप वार्ड घोषणा कईले बा । वीरगंज महानगरपालिका के प्रमुख विजय कुमार सरावगी वार्ड नम्बर ११ श्रीपुर के एतवार के दिने पूर्ण खोप घोषणा कईले बानी ।

वार्ड नम्बर ११ के वार्ड अध्यक्ष प्रदुम्न प्रसाद सेढाई के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वार्ड नं.– ११ के लईकालइकीसब के देवेवाला १२ किसिम के खोप पूर्णरुप मे देके ओरईला के बाद पूर्ण खोप वार्ड घोषणा कईल वार्ड अध्यक्ष सेढाई बतवनी ।

पूर्ण खोप वार्ड घोषणा करत अब जलदी महानगरपालिका के हि पूर्ण खोपयुक्त घोषणा करेके तइयारी कईल मेयर सरावगी बतवनी ।

पूर्ण खोप वार्ड घोषणा कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका के स्वस्थ्य प्रमुख अरुण कुमार महतो, नगर स्वास्थ्य केन्द्र रानिघाट के प्रमुख, वार्ड सदस्य प्रयाग महतोे, मुस्तकिम हवारी, कुमारी देवी, मिना देवी राम, वार्ड कार्यालय के सहजोगी किसान महतो कहार, श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमीक विद्यालय श्रीपुर के प्रधानायापक अनिल वर्मा लगायत आउर वार्ड खोप समन्वय समिति के प्रतिनीधीलोग के मेयर सरावगी दोसल्ला ओढाके प्रमाणपत्र वितरण कईले रहनी । कार्जक्रम मे अनेकन पार्टी के स्थानिय नेता, संञ्चार कर्मी लगायत स्थानियलोग के उपस्थिती रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।