पर्सा मे भी मनावल गईल राष्ट्रिय धान दिवस

वीरगंज १५ असाढ

राष्ट्रिय धान दिवस पर्सा मे भी मनावल गईल बा । कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा बहुदरमाई नगरपालिका–१ विश्रामपुर मे धान रोप के राष्ट्रिय धान दिवस मनवले बा ।

धान उत्पादन वृद्धि, खाद्यान्न सुरक्षा, आन्तनिर्भरता आ समृद्धि कहके नारा के साथ दिवस मनावल गईल कृषि ज्ञान केन्द्र पर्सा के बागवानी विकास अधिकृत श्यामकिशोर प्रसाद कुर्मी बतवनी ।

सशस्त्र प्रहरी बल १३ नं गण गण मे कार्यरत सवारी चालक वीरगंज–१८ जगरनाथपुर के सुरेन्द्र ठाकुर के खेत मे रोपाई करके दिवस मनवले बा । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं ३१ मे आयोजना कईल रोपाई कार्जक्रम मे नगर प्रमुख विजय कुमार सरावगी सहभागी भईल रहलन । नगरप्रमुख सरावगी कृषि क्षेत्र के प्राथमिकता मे राखके आवेवाला आर्थिक बरीस के नीति कार्जक्रम तथा बजेट लियावल गईल बतवनी ।

“कृषक के समस्या समाधान करे खातिर महानगर गम्भीर बा । वार्ड नं ३१ मे चईते धान पकेट क्षेत्र के रूप मे घोषणा करेके लक्ष्य राखल गईल बा” कहत नगर प्रमुख सरावगी, “कृषक के कदम कदम मे साथ देवे खातिर महानगर तईयार बा ।”

पर्सा के सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका मे भी धान दिवस मनावल गईल गाँवपालिका के अध्यक्ष प्रदीप जैसवाल जानकारी देहनी । महुवनस्थित खेत मे धान रोप के धान दिवस मनावल गईल उ बतवनी ।

पटेर्वासुगौली गाँवपालिका भी धान दिवस मनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।