हम केहु से कहुँ भी माफी नइखी मँगलें : वार्ड अध्यक्ष कुर्मी

वीरगंज २७ बैशाख,
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १४ के वार्ड अध्यक्ष भरत कुर्मी वीरगंज महानगरपालिका खुदे किनके वार्ड मे राहत खातिर पठावल चाउर गुणस्तरहीन रहल फेनु दाबी कईले बानी ।
वार्ड कार्यालय मे पत्रकार सम्मेलन करत अध्यक्ष कुर्मी गुणस्तरहीन चाउर बाँटेमे अस्विकार कईला महानगरपालिका प्रमुख बिजय सरावगी आ कुछ बिचौलियालोग अनेक प्रपञ्च कईल आरोप लगवले बानी ।
चाउर के सेम्पल लेगईल खाद्य गुण नियन्त्रण कार्यालय कउनो किसिम के जवाफ नइखे देहले ।
इहे क्रम मे मेयर सरावगी चाउर खाए योग्य रहल कहके दाबी करत आईल अध्यक्ष कुर्मी बतवनी ।
‘महानगरपालिका से पठावल राहत मे ३ बोरा चाउर गुणस्तरहीन देखल गईला के बाद हमनी ना बटनी ।
महानगरपालिका से पठावल चाउर के वजन कईला पर पठावल कहला पर भी कम वजन निकलल रहे ।
बोरा खोल के ओकरा के पोका बनावे लागल चाउर सडल मिलल रहे ।
बोरा मे उत्पादन मिति उल्लेख ना रहे,’ कहत अध्यक्ष कुर्मी, ‘अईसे अनेकौ गडबडि भईल हमनी तत्काल महानगरका प्रमुख विजय सरावगी के जानकारी करवनी ।
खराब चाउर अलग राखे खातिर निहोरा करत ई बात केहु से ना कहे खातिर निहोरा कइनी माकिर हम उनकर बात ना मननी ओकरा बाद हमरा विरुद्ध मेयर षडयन्त्र सुरु कईले बाडन’ कहके बतवनी ।
महानगरपालिका के बोर्ड बईठक मे माँफी माँगल कहके कईल प्रचार सरासर गलत ह कहत हमर मान मर्दन के दोसर प्रयास भी हो रहल कुर्मी बतवनी ।
‘ई कुप्रचार के खातिर हम घोर भत्र्सना करत बानी ।
हम जनता सँगे गद्दारी ना करेम’ बतवले बानी ।
‘एक त खराब चाउर पठावे के आ उल्टे मे हमर बिरुद्ध मे हि छानबिन करेके प्रचार हो रहल बा ।
जनता से निर्वाचित प्रतिनिधि रहला से कर्मचारी के छानबिन के खातिर पठाके हमर मान मर्दन करेके खोजल जा रहल बा ।
जदि छानबिन हि होखी त उ समिति मे जननिर्वाचित प्रतिनिधि रहेके पडल’ कहके माग भी कइनी ।
खराब चाउर किनल प्रकरण के स्वतन्त्र छानबिन के खातिर माग भी कईले बानी ।






