प्रदेश सभा सदस्य बेगम के कोष से सञ्चालित दु महिने व्युटिसियन तालिम बितल

वीरगंज १५ असाढ,

प्रदेश नं. २ माननिय करिमा बेगम के कोष से सञ्चालित दु महिने व्युटिसियन तालिम आजु एगो भव्य समारोह के बिच पुरा भईल बा ।

श्री व्युटिसियन तालिम उपभोक्ता समिति क्षेत्र नं. १ मुनी श्रीवास्तव के आयोजना मे सञ्चालित तालिम के समापन समारोह मे प्रमुख अतिथि प्रदेश नं. २ के प्रदेश सभा सदस्य करिमा बेगम तालिम मे सिखल सिप के घर, परिवार, गाँव, समाज मे भरपुर सदुपयोग करे खातिर निहोरा कइले रहनी ।

तालिम मे सिखके घरे जाके बईठला से धिरे धिरे सभी भोर पराजाई कहत सिखल सिप के व्यवहार मे उतारे खातिर निहोरा कईले रहनी । जनानी के आत्मनिर्भर बनावे खातिर आवेवाला दिन मे भी अईसन बहुते किसिम के सिपमुलक तालिम के आयोजना करेके प्रतिबद्धता भी जनवले रहनी ।

विक्रम पटेल के अध्यक्षता मे भईल समापन समारोह मे जसपा के केन्द्रिय सदस्य रम्भा मिश्र, एहितरे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ के निमित्त वडा अध्यक्ष विनिता साह, नेतृ सलमा खातुन, उषा श्रीवास्तव, मिनु ठाकुर, रिता देवी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

३० जने के सहभागीता रहल तालिम मे मुस्कान खातुन आ आलिया अहमद प्रशिक्षण देहले रहनी । कार्जक्रम के सञ्चालन महिला नेतृ मुनी श्रीवास्तव कईले रहनी । कार्जक्रम मे अनेकन किसिम के गित संगित मे नृत्य प्रस्तुत करत सहभागीलोग मनोरञ्जन करवले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।