मोटरसाइकल चोरी कईल आरोप मे एक युवक पकडईलें

वीरगंज १६ असाढ

मेटरसाइकल चोरी कईल आरोप मे पर्सा पुलीस एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे पर्सा जिल्ला के पर्सागढी ५ के २२ बरीस के आजाद मियाँ रहल बाडन । उनका उपर वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.२८ बगहीस्थित कृष्ण शर्मा के आङ्गगन मे पार्किङ्ग करके राखला मे रात मे सुतल समय ना.३९ प. ३८२४ नम्बर के सुपर स्प्लेण्डर आ पर्सागढी–५ के रोज मोहम्मद के घरके बगल मे राखल ना.२८प. १३३७ नम्बर के साइन मोटरसाइकल चोरी कईल आरोप बा ।

पकडाईल उनका उपर चोरी सम्बन्धी कसूर मे अनुसन्धान अगाडि बढावल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।