बारा मे साँप के काटला से एक युवक के मृत्यु

बारा १६ असाढ

बारा के निजगढ मे साँप के काटला से एक युवक के मृत्यु भईल बा । मकवानपुर के हेटौंडा उपमहनगरपालिका–१५ भोर्ले रहेवाला २० बरीस के सरोज बम्जन के मृत्यु भईल बा ।

उ निजगढ नगरपालिका– १३ डमरपुर स्थित मामा घर मे रहत आईल रहलन । बुध के दिने सबेरे ३ बजे साँप उनकर कान मे कटले रहे ।

साँप के काटला से घायल भईल उनका के प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र निजगढ मे लेजाएके समय रास्ता मे मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।