निजी क्षेत्र के समस्या सम्बोधन के खातिर वीरगंज आ जनकपुर के उद्योगी दबाव दिहें

वीरगंज १८ असाढ
वीरगंज आ जनकपुर के उद्योगी व्यवसायी दुनु सहर के निजी क्षेत्र के समस्या सम्बोधन के खातिर सरकार के दबाब देवे खातिर एक होके अगाडि बढेके सहमति कईले बाडन ।
शुक के दिने वीरगंज आईल जनकपुर उद्योग वाणिज्य संघ के पदाधिकारी आ वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के पदाधिकारी बीच भईल बतकही मे अईसन सहमति बनल बा ।
वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के सभाकक्ष मे भईल बतकही मे सहभागी जनकपुर आ वीरगंज के उद्योग व्यपारी जनकपुर आ वीरगंज के नीजी क्षेत्र एके प्रकृति के समस्या भोग रहला से साझा समस्या के समाधान के खातिर साझा प्रयत्न करेके सहमति कईले बाडन ।
जनकपुर प्रदेश के अस्थायी राजधानी ह आ वीरगंज देश के मुख्य औद्योगिक सहर ह । सरकार से उपेक्षा कईला से निजी क्षेत्र के समस्या सम्बोधन करावे खातिर प्रदेश २ के दुनु शहर के नीजी क्षेत्र एक होके अगाडि बढेके समझादरी बनल वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के कार्यवाहक अध्यक्ष हरि प्रसाद गौतम बतवनी ।
कार्जक्रम मे गौतम पर्सा बारा औद्योगिक कोरिडोर के पृष्टभूमि आ इहाँ के निजी क्षेत्र से राष्ट्रिय अर्थतन्त्र मे पुगा रहल योगदान के बारे मे जनकपुर के उद्योगी व्यवसायी के जानकारी करवले रहलन ।
गौतम कहनी, “देश के कूल राष्ट्रिय राजस्व के आधा हिस्सा वीरगंज क्षेत्र से छेकले बा, माकिर वीरगंज के सरकार से देखेवाला दृष्टिकोण विभेदकारी बा,” सरकार से आपन दृष्टिकोण मे परिवर्तन लियावेके पडि ।
प्रदेश २ के मुख्य शहर जनकपुर आ वीरगंज के नीजी क्षेत्र एके प्रकृति के समस्यासब भोग रहला से साझा समस्या के समाधान के खातिर साझा प्रयत्न के जरुरत रहल उ बतवनी । बतकही मे सहभागी जनकपुर उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष जितेन्द्र महासेठ गौतम के धारणा उपर समर्थन जनावत वीरगंज आ जनकपुर के नीजी क्षेत्र एक होके सरकार के सामने प्रस्तुत होखेके प्रतिबद्धता जनवनी ।
दुनु शहर के नीजी क्षेत्र के साझा समस्या सामधान के खातिर सहकार्य आ साझोदरी कईसे कईल जा सकता कहके उदेश्य से हि खुदसब वीरगंज आईल उ बतवनी । “जनकपुर क्षेत्र मे बडका उद्योग १३ गो मात्र बा, छोटा, घरेलु उद्योग, व्यवसाय के बाहुल्यता बा , उ छोटा उद्योगसब भी अनेकन समस्या आ चुनौती भोग रहल बाडन, सरकार से ध्यान देत नईखे कहके बतवनी ।
बतकही मे सहभागी नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष गणेशप्रसाद लाठ क्षेत्रीय विकास के खातिर उद्योग वाणिज्य संघबीच समन्वय आ सहकार्य के जरुरत रहल बतवनी ।
प्रदेश २ मे रहल उद्योग वाणिज्य संघबीच सम्बन्ध विस्तार के खातिर प्रदेश उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रभावकारी भूमिका खेलेके आश्वासन उ देहनी । बतकही मे जनकपुर उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष महासेठ सँगे उहाँ के ५ जने उद्योगी व्यवसायी आ वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के कार्यवाहक अध्यक्ष गौतम सँगे आउर पदाधिकारी आ सदस्य के सहभागीता रहल रहे । उल्था अन्नपूर्ण






