जंगली हाथी के आक्रमण से पटेल के मृत्यु, घर परिवार के लोग के पुलीस पिटलख

प्रभु यादव
बारा १८ असाढ
बारा मे शुक के दिन एक जने के जंगली हाथी आक्रमण करके मुअवले बा । कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर २ के ४२ बरीस के रामदेव पटेल जंगली हाथी के आक्रमन कईला से मरल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।
सुबेरे के ८ बजे पटेल आपन घर के लगे रहल खेत मे आरी बान्हेके बेरमे आईल हाथी आक्रमण कर के घायल बनावल प्रवक्ता गौतम जानकारी करावले बानी । घायल भईल पटेल के कलैया अस्पताल मे लेजाए के क्रम मे रास्ता मे मृत्यु भईल प्रवक्ता गौतम जनकारी करवले बानी ।
पर्सा वनयजन्तु आरक्षण मे से आईल हाथी पटेल के घायल कईले बा । जंगल से कलैया औधापुर १७ किलो मिटर के दुर हाथी पुग के पटेल के मरले बा । मरल पटेल के एक लडका तीन गो लडकी रहल बा । हाथी से पटेल के घायल कईला पर पुलीस मे खबर कईला के वाद आनाकानी करत घटना भईल जगह मे ना पुगल पटेल के घर परिवार सिकायत कईले बाडन ।
पुलीस के घटना भईल जगह पर ना पुगे के आ जनकारी देहला पर अटेरी कईला से जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे पुगला पर पुलीस पिट के तीन जने के घायल बनावले बा भाइ शिवपुजन पटेल सिकायत कईले बाडन । मरल पटेल के १७ बरीस के लडका अभिषेक पटेल, भतिजा अमन पटेल, विकास पटेल आ भाइ शिवकुमार पटेल के प्रहरी कार्यालय के भितर लेजा के पिठ आ गोड मे सटका से पिट पिट के साट उगा देहल पटेल जनकारी करावले बानी ।
आपन बाबुजी के भईल घटना के जानकारी देहला पर पुलीस ना सुनलख आ प्रशासन मे जानकारी करावे पहुँचला पर पिटाई कईल आपना सब पर अन्याय भईल अभिषेक जानकारी करावले बानी ।
प्रहरी प्रवक्ता मिश्र से जानकारी लेहला पर अस्पताल मे लास के कानुनगत कागज बनावे के पुगल जवना के प्रशासन अगाडि लिया के आन्दोलन करे के आ मुर्दावाद के नारा लगईला पर ओकरा के हटावेला काम कईल गईल बा माकीर केहु के पिटल ना गईल जनकारी करावले बानी ।
हाथी अभि कलैया उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्वर २७ के बर्वा मे पसाह नदि के किनार मे लगावल चईते धान खारहल बा वन के प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ जैतापुर, गंजभवापुर के चौकी से नेपाल प्रहरी के जवना सब घेरले बा कहके प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।





