रौतहट मे बाढ से दु सय से बेसी घर विस्थापित

रौतहट १९ असाढ
अविरल बर्षात के चलते रौतहट के दु दर्जन से बेसी गाँव बाढ के जोखिम मे पडल बा । चुरे तथा पहाडी क्षेत्र मे अविरल बर्षात के बाद बाग्मती, लाल बकैया नदी तथा झाँझ खोला मे आईल बाढ बस्ती मे घुसला के बाद गाँवके लोग विस्थापित भईल बाडन ।
लाल बकैया नदी आ झाँझ खोला मे आईल बाढ के चलते सदरमुकाम गौर मे घरसब डुबान मे पडल बा । गौर के बरहवा ताल आसपास के क्षेत्र के घर तथा सडक मे बाढ के पानी बढेके क्रम मे रहल बा । गौर नगरपालिका के वार्ड नं. १ आ २ भन्सार क्षेत्र के बस्ती बाढ घुसे लागल बा । गौर चन्द्रपुर सडकखण्ड के सबगढा मे रहल लच्का मे पानी के बहाव तेज रहल बा ।
रौतहट के ईशनाथ नगरपालिका के १, २, ३ आ ९ नम्बर वार्ड डुबान मे पडल बा आ राजदेवी नगरपालिका– ९ तथा दुर्गा भगवती गाँवपालिका– ५, ७ आ ८ नम्बर के घर मे बाढ के पानी घुसल उपरीक्षक शिद्धिबिक्रम शाह बतवनी । दुर्गा भगवती गाँवपालिका के बाग्मती नदी के बाँध लगे भईल बस्ती के करीब दु सय परिवार विस्थापित भईल बाडन । उलोग बाँध मे पाल राख के बईठल बाडन । गढीमाई नगरपालिका– ९ सिंगारमन मे रहल पुल आ स्पर मे बाढ से नोक्सानी पुगवले बा । इशनाथ नगरपालिका के बन्जरहा मे ३० परिवार विस्थापित भईल बा ।
राजदेवी नगरपालिका मे बाग्मती नदी के १ आ २ नम्बर स्पर मे कटान होखे लागला के बाद नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ नेपाली सेना बाँध के स्पर मर्मत कर रहल बाडन । झँझिया खोला मे आईल बाढ से मत्सरी मे रहल नहर फोर के भी उ जगहा मे भी सुरक्षाकर्मी आ स्थानीय वासिन्दा मर्मत कर रहल एसपी शाह बतवनी ।
सुरक्षाकर्मी के पाँच युनिट स्थानान्तरण
नेपाल पुलीस के भन्सार सुरक्षा चौकी मे बाढ घुसला के बाद उहाँ रहल सुरक्षाकर्मी के लगेके दोसर भवन मे लेगईल बा । नेपाल पुलीस के बसन्तपुर, महादेवपट्टी आ भन्सार के करके तीन गो चौकी दोसर भवन मे गईल एसपी शाह बतवनी ।
एहितरे सशस्त्र प्रहरी बल नेपाल ११ नम्बर गण मे भी बाढ के पानी घुसल बा । सशस्त्र प्रहरी बल के गौर आ बेलबिछवा बोर्डर आउट पोस्ट के लगेके दोसर भवन मे लेगईल सशस्त्र प्रहरी बल के उपरीक्षक सूर्य सेन वली बतवनी । सशस्त्र पुलीस के औरैया बिओपी आ राजपुर के फतुवा मे रहल बेस मे भी बाढ घुसेके सम्भावना रहल उ जानकारी देहनी ।






