नेपाल बास्केटबल संघ पर्सा के अध्यक्ष मे गिरी

वीरगंज १२ कुवार
नेपाल बास्केटबल संघ के अध्यक्ष मे युवा नेता सुजित गिरी सर्वसहमति से चयन भईल बाडन ।
जिल्ला खेलकुद विकास समिति के कार्यालय प्रमुख विजय शाह ठकुरी आ नेपाल बास्केटबल संघ के केन्द्रीय सदस्य पवन कुमार थापा के उपस्थिती मे जिल्ला के खेल प्रेमी युवालोग के भेला से ९ सदस्यीय समिति गठन कईल बा । नवगठित समिति मे अध्यक्ष सुजित गिरी, उपाध्यक्ष रकेश महतो, सचिव फरिन्द्र प्र.चौहान, कोषाध्यक्ष कुनाल शाह, सदस्यलोग मे राहुल पटेल, दिलिप पाण्डे, सुरेन्द्र पाण्डे, मुमाताज आलम, अकाश गिरी लगायत रहल नेपाल बास्केट बल संघ पर्सा जनवले बा । जिल्ला कार्य समिति गठन कईला के बाद बईठक से छलफल कईला पर बास्केटबल संघ के मधेश प्रदेश परिषद मे दर्ता करेके निर्णय भी भईल नेपाल बास्केटबल संघ पर्सा के नयाँ अध्यक्ष गिरी बतवनी ।






