पर्सा मे महामारीजन्य रोग के निगरानी करे खातिर समुदायस्तर मे सीआरआरटी समिति गठन

वीरगंज १९ असाढ
पर्सा के पालिकासब मे महामारीजन्य बेमारीसब के निगरानी तथा रोकथाम करे खातिर समुदायस्तर मे भी समिति गठन करेके भईल बा । समुदायस्तर मे गठन करेके समिति के कम्युनिटी ¥यापिड रेसपोन्स टिम (सीआरआरटी) नाम देहल गईल बा ।
अईसन टिम औषधी, स्वास्थ्य सामान वितरण, सरसफाइ आ शुद्ध खानेपानी उपभोग के बारे मे गाँवघर मे सचेतना जगावे के स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के जनस्वास्थ्य निरीक्षक जयमोद ठाकुर जानकारी देहनी ।
नारायणी अस्पताल मे शनिचर के दिने महामारीजन्य बेमारीसब के रोकथाम तथा निगरानी के खातिर सरोकारवाला बीच बतकही कार्जक्रम आयोजना कईल रहे । स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा आयोजना कईल कार्जक्रम मे सहभागी सरोकारवाला सम्भावित महामारी के पूर्वानुमान करके उ विरुद्ध लडल जरुरी तईयारी करेके निर्णय कईले बाडन ।
कोरोना महामारी से कम राहत मिलला पर भी जोखिम कायमे रहला से स्वास्थ्य सुरक्षा सतर्कता के उपाय अपनावेके, वर्षात मे पानी जन्य बेमारी के संक्रमण बढेके आ महामारी के रुप लेवे सकेमे सचेत होखेके उलोग जोड देहले बाडन ।
कार्जक्रम मे स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के निमित्त प्रमुख नवलकिशोर साह समुदायस्तर के ¥यापिड रेस्पोन्स टिम गठन करके सक्रिय बनावेके बतवनी । नारायणी अस्पताल के आकस्मिक विभाग प्रमुख डा. उदयनारायण सिंह वर्षायाम मे मलेरिया, डेंगु, डायरिया, फुड पोइजन के समस्या महामारी के रुप लेवे सकेमे सचेत होखेके बतवनी ।
नारायणी अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. अतुलेश चौरसिया जनसंख्या के आधार मे स्वास्थ्य संस्था आ स्वास्थ्यकर्मी ना भईला से महामारी से लडेमे समस्या हो रहल बतवनी । ‘वीरगंज मे जनसंख्या बढल, माकिर नारायणी अस्पताल के क्षमता बढल नईखे, पूर्वाधार आ जनशक्ति पुराने बा’ उ कहनी ।
सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका के स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार दुसरका चरण के कोरोना महामारी के समय मे नारायणी अस्पताल से भिटिएम किट मागला पर भी समय मे उपलब्ध ना भईल आ पालिका खुदे खरिद करे चाहला पर भी बजार मे ना मिलला के चलते समस्या भईल सिकाईत कइनी ।
ओहिसे महामारीजन्य रोग रोकथाम के खातिर जिल्ला स्तरबाट समन्वय सहजोग आ पूर्व तईयारी जरुरी रहल बतवनी ।
कार्जक्रम मे पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल लगायत पर्सा के अनेकन पालिका के स्वास्थ्य शाखा के प्रमुख तथा प्रतिनिधिलोग के सहभागीता रहल रहे । कार्जक्रम के सहजिकरण स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के स्वास्थ्य निरिक्षक जयमोद ठाकुर कईले रहनी ।




