एसईई जाँच जेठ अन्तिम मे करे खातिर सिफारिस

काठमाण्डु १८ वैशाख
राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड के अध्यक्ष प्रा. डा. चन्द्रमणि पौडेल के नेतृत्व के कार्यदल से माध्यमिक शिक्षा परीक्षा (एसईई) जेठ अन्तिम हप्ता करे खातिर सिफारिस कईले बा ।
कार्यदल से बियफे के दिने शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधिमन्त्री गिरिराजमणि पोखरेल के बुझावल प्रतिवेदन मे २५ वैशाख के बाद लकडाउन के मोडल फरक भईला पर जेठ अन्तिम हप्ता तक एसईई परीक्षा करे सकेके उल्लेख बा । स्रोत कहलख, ‘असार १५ तक पुरा करेवाला किसिम से परीक्षा कईल जा सकता ।’
साथे एसईई आ किलास १२ के परीक्षा एगो समय (दु सिफ्ट) मे करे खातिर सिफारिस कईले बा ।
एसईई परीक्षा मे कूल चार लाख ८२ हजार ७०७ विद्यार्थी सहभागी होखिहें ।
चईत ६ मे परीक्षा लेवेवाला किसिम से १ हजार ९९५ परीक्षा केन्द्र तोकल रहे । माकिर कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के चलते चईत ५ गते सँझिया मात्र एसईई परीक्षा स्थगित करेके निर्णय कईल रहे ।
अब परीक्षा कईला पर परीक्षार्थीलोग घर के खाना खाके परीक्षा केन्द्र मे पुगेवाला किसिम से उपकेन्द्रसब थप करेके आ सुरक्षा के उपाय अपनावे के कार्यदल के सिफारिस बा ।
अईसन कईला पर भी हिमाली आ पहाडी जिल्ला के कैयन विद्यालय के परीक्षा केन्द्र के मान्यता देहल जाई । ‘केन्द्राध्यक्ष आ निरीक्षक उहें विद्यालय के ना होखेवाला भईला से समस्या ना होखी’ मन्त्रालय के एक अधिकारी कहनी ।
साथे परीक्षा के नतिजा ६९ दिन के रास्ता ४५ दिन भितर प्रकाशित करे सकेके कार्यदल के निश्कर्ष बा ।
कार्यदल के मुताविक किलास ११ के परीक्षा कुछ समय के बाद मात्र सञ्चालन कईला से होखी ।
वैशाख २५ भितर रिजल्ट
एहितरे किलास १ से ९ तक के बार्षिक परीक्षा के रिजल्ट चईत २५ गते भितर प्रकाशित होखेवाला बा ।
शिक्षा मन्त्रालय प्रदेश के सामाजिक विकास मन्त्रालयसब के साथे निजी विद्यालयसब के छाता संगठनसब के भी सकेभर जलदी नतिजा प्रकाशित करे खातिर निहोरा कइले बा ।






