देशभर थपईलें २,६२२ कोरोना संक्रमित, २३ जने के मृत्यु

काठमाण्डु २१ असाढ

पिछिलका २४ घण्टा मे आउर २ हजार ६२२ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के मुताविक ७ हजार ४९९ नमुना के पीसीआर परीक्षण कईला पर १ हजार ७४५ आ ४ हजार २८ एन्टिजेन परीक्षण कईला पर ८७७ करके २ हजार ६२२ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।

एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना संक्रमण से २३ जने के मृत्यु भईल बा आ २ हजार २११ जने ठिक भईल बाडन ।

नेपाल मे कोरोना संक्रमित के कुल संख्या ६ लाख ४६ हजार ३६७ पुगल बा । जउना मेसे ६ लाख ११ हजार ४२९ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन आ ९ हजार २४८ जने के मृत्यु भईल बा ।

मन्त्रालय के मुताविक अभी देशभर रहल २५ हजार ६९० सक्रिय संक्रमित मेसे २२ हजार ९९८ जने होम आइसोलेसन मे रहल बाडन । एहितरे संस्थागत आइसोलेसन मे २ हजार ६९२ जने रहल बाडन । उ मेसे ५७१ जने के आईसीयू आ १८० जने के भेन्टिलेटर मे ईलाज हो रहल बा ।

पिछिलका २४ घण्टा मे प्रदेश १ मे ४१०, प्रदेश २ मे ४८ तथा बागमती प्रदेश मे ८५६ जने संक्रमित थपाईल बाडन । एहितरे गण्डकी मे २४८, लुम्बिनी मे १४५, कर्णाली मे २५ आ सुदूरपश्चिम प्रदेश मे १२ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कहाँ केतना थपईलें संक्रमित ?

पिछिलका २४ घण्टा मे थपाईल संक्रमित मेसे ५६२ जने काठमाण्डु उपत्यका के बाडन । जउना मे काठमाण्डु के ३७८, ललितपुर के १२४ आ भक्तपुर के ६० जने बाडन ।

एहितरे झापा मे १८८, मोरङ मे १२१, चितवन मे १२०, कास्की मे ११५ आ सुनसरी मे ५७ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा । मकवानपुर मे ४९, नवलपरासी पूर्व मे ४४, काभ्रे मे ३८, रुपन्देही मे ३२, बागलुङ मे ३१ आ दाङ मे २८ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।

एहितरे लमजुङ मे २७, गुल्मी मे २४ आ नुवाकोट आ धादिङ मे २३÷२३ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।