कोरोना संक्रमण से पर्सा मे आउर दु जने के मृत्यु

वीरगंज २१ सावन

पर्सा मे कोरोना संक्रमण से बुध के दिने आउर दु जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज–१५ भिस्वा रहेवाला ४६ बरस के पुरुष आ पर्सा के पोखरिया नगरपालिका–८ घर भईल १८ बरीस के युवती के मृत्यु भईल बा ।

एकरा सँगे पर्सा मे कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या १४ पुगल बा ।

१४ मेसे १२ जने पर्सा के बाडन । एगो लावारिस लास मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उ बाहेक बारा के २ जने आ रौतहट के १ जने के भी वीरगंज मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।

४६ बरीस के पुरुष के वीरगंज हेल्थ केयर अस्थायी कोभिड अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

उ मधुमेह बेमारी से पहिले से हि पिडित रहलन । सावन १८ गते पेड पीसीआर करावल उनकर १९ गते रात रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।

सावन २० गते स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद अस्थायी कोभिड अस्पतल वीरगंज हेल्थकेयर कोभिड अस्पताल मे ईलाज के खातिर रात मे साढे १० बजे भर्ना कईल रहे ।

अस्पताल मे कार्यरत स्वास्थ्यकर्मी के मुताविक उनका खोकी आ बोखार के समस्या रहे ।

अक्सिजन देहला पर भी उनकर देह मे अक्सिजन मेन्टेन ना होत रहे । मुटु काम कईल छोडला के बाद सबेरे उनकर मृत्यु भईल बा । वीरगंज हेल्थ केयर मे मृगौला के डायलायसिस करावत आईल ४ जने के आइसीयु मे राख के ईलाज हो रहल बा ।

एकरा से पहिले पर्सा मे सावन १९ गते सोमार के दिने मृत्यु भईल युवती मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । पर्सा के पोखरिया नगरपालिका–९ मे रहत आईल १८ बरीस के युवती के मृत्यु के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उनका उलटी होखेके साथे पेटझरी भईल रहे । अवस्था जटिल बनत गईला के बाद ईलाज के खातिर सोमार के नेशनल मेडिकल कलेज पुगावल गईल रहे । अस्पताल के इमर्जेन्सी मे पुगते मातर अस्पताल मृत घोषणा कईले रहे ।

मेडिकल कलेज मे स्वाब संकलन करके नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे पीसीआर परीक्षण कईला पर सावन २० गते मंगर के रात उनकर रिपोर्ट पोजेटिभ आईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट उपाध्याय जानकारी देहनी ।

उ युवती के घर पोखरिया–८ जगतपुर ह । माकिर उ मरेजी के ईया के देखभाल के खातिर पोखरिया–९ सिमरवारी स्थित मामा घर मे रहत आईल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र सिंह जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।