कृषि ज्ञान केन्द्र के योजना अपरमपार अशोक कुमार सिंह मालामाल

मेवालाल यादव

रौतहट २३ असाढ

रौतहट जिल्ला मे ई बरीस कृषि ज्ञान केन्द्र से संचालन कईल योजना पूर्ण रुप मे कार्यन्वयन भईल नईखे । चालु आर्थिक बरीस के स्वीकृत कार्जक्रम अन्तर्गत संचालन भईल स्यालो ट्युबेल, पोली हाउस, ग्रीन हाउस, तरकारी तथा फलफुल नमुना खेति, खाद्यान्न तरकारी प्रवद्र्धन योजना लगायत के कार्जक्रम स्थगन मे कम संख्या मे कार्यन्वयन भईल मिलल बा ।

रौतहट कार्यालय से किसान के खातिर संचालन भईल कार्जक्रम अनुगमन करे खातिर स्थलगत गईल संचारकर्मीलोग के टोली कार्यालय से उपलव्ध करावल विवरण के प्रतिकुल मिलल बा ।

आर्षिक मसान्त के समय मे काम ना करके पईसा निकासा करावेके काम पहिले से कायम रहल कृषि ज्ञान केन्द्र के ई पालि के योजना कार्जक्रम के अनुगमन करावेके देहल गईल सुझाव उपर कार्यालय प्रमुख चन्द्र भुषण झा नेपाल पत्रकार महासंघ के सभापति प्रेमचन्द्र झा तथा प्रदेश सदस्य शैलेन्द्र झा, जनकपुर टुडे के रौतहट प्रतिनिधि राकेश कुमार यादव सहित ५ सदसीय अनुगमन टोली पठवले रहे ।

समय मे सिचाई करके खेति करेमे सहजोग पुगेके उदेश्य से ८५ प्रतिशत अनुदान मे कार्यालय वार्षिक कार्जक्रम अन्तर्गत स्यालो ट्युबेल जडान कार्जक्रम के खातिर २०७८ अषाढ ४ गते मे सूचना प्रकाशित करके १७० जने कृषक, कृषक समुह, कृषि सहकारी छनौट करके वितरण करे खातिर गरुडा स्थित जैसवाल ट्रेडर्स आ ग्रामिण विकास कृषि फर्म प्रा.लि. के सम्झौता भी कईले बा ।

छनौट भईला मे कउनो कृषक एगो घरपरिवार के मातारी बेटा हउवन आ कुछ काका भतिजा रहल मिलल बा । पावर आ पहुच के आधार मे छनौट कईला से वास्तविक किसान सुविधा से बन्चित भी भईल देखल गईल बा ।

नेता, हाकिम, लेखापाल भी सुविधा लेहल देखल गईल बा आ लेहल स्यालो ट्युबेल अभी तक जडान कईल नईखे । रौतहट के राजदेवी नगरपालिका ६ के किसान रुदल यादव, इश्नाथ नगरपालिका ९ के अशोक तिवारी, गढीमाइ नगरपालिका ६ के राम नरेश यादव, विशाम्भर यादव पाइप मात्र मिलल बतवले बाडन ।

चन्द्रपुर नगरपालिका १० बल्चानपुर के किसान बलिराम साह कुछो जानकारी ना भईल आ हमर दाम मे दोसर केहु लेहल बतवले बानी ।

अषाढ २५ गते भितर मे लेहल स्यालो ट्युबेल जडान करके अधिकांश किसान अभी तक जडान कईल नईखे । केहु पाइप जडान कईला पर भी मोटर, पम्पी सेट विक्री करेके उदेश्य से घर मे राखल बुझल गईल बा । व्लु कलर के ४ इन्च के पाइप जडान करेके स्टिमेट कईला पर भी किसान के करिया पिविसी पाइप देहल जनावल गईल बा ।

स्यालो ट्युबेल वितरण करेके सम्झौता कईल जैसवाल ट्रेडर्स गरुडा के संचालक विजय जैसवाल ९८ जने स्यालो ट्युबेल सेट के खातिर ओराईल जनवले बा । ग्रामिण विकास कृषि फर्म के संचालक नागेन्द्र प्रसाद यादव ६३ जने से सम्झौता मुताविक के सामान के खातिर ओराईल दावी कईला पर भी स्थलगत रुप मे उ मुताविम मिलल नईखे ।

सप्लायर्स के मुताविक १७० जने मे १६१ जने स्यालो ट्युबेल सेट लेगईल बाडन । फलफुल तथा तरकारी के व्यवसायिक खेति के खातिर छनौट भईल गढीमाइ नगरपालिका ६ के यादव भैसी पालन कृषक समुह विषय विपरित खेति कईल स्थलगत अनुगमन के समय मे देखल गईल बा ।

करिव ५ विगहा के हाराहारी मे हरदी खेति कईल उ समुह के तपेन्द्र यादव खुद हरदी खेति के खातिर अनुदान लेहल बतवले बाडन ।

गढीमाइ ५ के बागमती पशु पक्षी तथा कृषि फर्म बागमती नदि के बगर जमिन मे केरा के खेति कईल बतवले बाडन । किसान जनकल्याण पशु विकास फर्म गढीमाइ ६ के महेन्द्र प्रसाद यादव फलफुल के खेति कईल बतवले बाडन ।

२ लाख ५० हजार अनुदान लेहल यादव ई पालि २५ गो केरा के नयाँ पौधा रोपल स्थलगत मे देखल गईल बा । बागमती नदि के बगर जमिन मे अनेकन किसिम के फलफुल चईत महिना मे रोपल उ बतवनी ।

खाद्यान्न तरकारी तथा नगदेबाली प्रवद्र्धन सहजोग कार्जक्रम अन्तर्गत तरकारी तथा फलफुल बजारीकरण मे सहजोग कार्जक्रम के खातिर छनौट मे पडल गरुडा नगरपालिका ८ के सिताराम दलित कृषक समुह के अभी तक कार्यालय सम्झौता भी कईले नईखे ।

सुचना मे नाम समेश कईला पर भी कार्जक्रम देहल गईल नईखे समुह के संचालक भैरो महरा बतवनी ।

कार्यालय प्रमुख झा ई पाली अनुगमन करके प्रतिबेदन के आधार मे भुक्तानी देवेके प्रतिवद्धता जनवले बाडन । बितल लम्हर समय से कार्यालय मे कार्यरत रहल कर्मचारी के चलते हरेक बरीस वितरण मुखी काम मे अनियमितता हो रहल स्थानीय किसान के सिकाईत रहल बा । कार्यालय मे रहल अशोक कुमार सिंह के चलते अईसन बिकृति बढला से कारवाही करेके स्थानीयलोग के माग रहल बा ।

कार्यालय से काम होखे से पहिले हि अषाढ २१ गते श्याम सुन्दर राय यादव माधव नारायण दर्ता नम्बर ११०१ के मोडेल खेति, एभरेस्ट कृषि फर्म फतुवा विजयपुर् नगरपालिका दर्ता नम्बर ११०४ आ आर पी कृषि तथा फशु फर्म चन्द्रपुर दर्ता नम्बर १०६६ के भुक्तानी के प्रक्रिया मे पेश कईला से आर्थिक अनियमित्ता के आशंका बढल बा ।

प्रदेश सरकार के सम्वन्धित मन्त्रालय एकरा उपर चासो ना कईला पर हरेक बरीस बजेट दुरुपयोग हो रहल बा । चालु आर्थिक बरीस के स्वीकृत बार्षिक कार्जक्रम अन्तर्गत रौतहट मे संचालन भईल योजना, कार्जक्रम वितरण कईल कृषि उपकरण के प्राविधिक सहित के स्थलगत अनुगमन करके भुक्तानी देवेके प्रक्रिया अवलम्बन करे खातिर प्रदेश सरकार के कृषि भुमि व्यवस्था तथा सहकारी मन्त्रि से स्थानीय माग कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।