३ किलो गाँजा सहित युवक पकडईलें

मकवानपुर २४ असाढ
पुलीस ३ किलो लागूऔषध गाँजा सहित एक युवा के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे हेटौंडा उपमहानगरपालिका–९ पशुपतिनगर रहेवाला २२ बरीस के निश्चल थापा रहल बाडन ।
घर मे करिब ३ किलो लागूऔषध गाँजा लुका के राखल सूचना के आधार मे ईलाका प्रहरी कार्यालय पशुपतिनगर से खटल पुलीस उनका के पकडले बा । पकडाईल थापा उपर आउर अनुसन्धान हो रहल पुलीस जनवले बा ।






