देशभर थपईलें १,८७५ कोरोना संक्रमित, २९ जने के मृत्यु

काठमाण्डु २४ असाढ
पिछिलका २४ घण्टा मे १ हजार ८७५ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण पुष्टि भईल बा । ५ हजार ३७४ पीसीआर परीक्षण कईला पर १ हजार २१८ जने आ ५ हजार १३० एन्टिजेन परीक्षण कईला पर ६५७ करके १ हजार ८७५ जने मे कोरोना भाइरस के संक्रमण देखल गईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।
एहितरे पिछिलका २४ घण्टा मे कोरोना संक्रमण से २९ जने के मृत्यु भईल बा आ १ हजार २८६ जने ठिक भईल बाडन ।
बियफे के दिने थपाईला सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के कुल संख्या ६ लाख ५१ हजार ३८० पुगल बा । उ मेसे ९ हजार ३२० जने के मृत्यु भईल बा आ ६ लाख १५ हजार ६१३ जने संक्रमणमुक्त भईल बाडन ।
मन्त्रालय के मुताविक अभी देशभर सक्रिय संक्रमित के संख्या २६ हजार ४४७ जने रहल बा । जउना मेसे २३ हजार ६९२ जने होम आइसोलेसन मे रहल बाडन आ २ हजार ७५५ जने संस्थागत आइसोलेसन मे रहल बाडन । कोरोना के मरेजी मेसे ५७२ जने आईसीयू आ १५७ जने भेन्टिलेटर मे ईलाज करा रहल बाडन ।
कउन जिल्ला मे केतना थपईलें संक्रमित ?
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रलय के मुताविक सबसे बेसी काठमाण्डु मे २८७ संक्रमित थपाईल बाडन । सुनसरी मे ११८, कास्की मे १०५, ललितपुर मे ८२, मोरङ मे ६५, चितवन मे ६० आ भक्तपुर मे ५८ जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल बा ।
एहितरे रुपन्देही मे ४७, नवलपरासी पूर्व मे ३९, काभ्रेपलाञ्चोक मे २९, झापा आ मकवानपुर मे २८÷२८ जने, पाल्पा मे २३, नुवाकोट मे २२, स्याङजा मे २१ जने कोरोना संक्रमित थपाईल बाडन ।
सुर्खेत मे १७, नवलपरासी पश्चिम आ बर्दिया मे १४÷१४ जने, कैलाली मे १२ आ बाँके मे १० जने मे कोरोना संक्रमण देखल गईल मन्त्रालय जनवले बा ।
एहितरे १० बरीस निचेके ४३ लईकालइकी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा आ ११ से २० बरीस उमिर समूह के ९० जने कोरोना संक्रमित थपाईल स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय जनवले बा ।






