नयाँ क्रियाशील सदस्यता खारिज के माग

प्रभु यादव

बारा २५ असाढ

बारा के निर्वाचन क्षेत्र नम्वर २ के नेपाली काँग्रेस पार्टी के नयाँ क्रियासिल सदस्यता के खारिज करे के माग कईले बाडन ।

पालिका के वडा ईकाई के संयोजकलोग कलैया मे पत्रकार सम्मेलन कर के जनकारी करावले बाडन । जिल्ला के १४ वां महाधिवेशन के तईयारी करत समय क्षेत्र नम्वर २ के १८ गो वार्ड मे रहल विवाद के समाधान करेला पार्टी केन्द्रीय कार्यालय से असार १६ गते पत्र पेठा के समस्या समाधान कईले रहलन ।

क्षेत्रिय सभापति रामप्रवेश यादव आपने अकले हिसाब से सदस्यता फारम वार्ड सभापति के ना देके आपन मनमौजी खुशी बनावले बाडन जवन खारिज करे के केन्द्रीय कार्यालय मे निवेदन देहल गईल महाधिवेदन प्रतिनिधि राजेश रौनियार जनकारी करावले बानी । वार्ड सदस्य सब लोग के विना जनकारी करावले आ सहि विना के फरम से बनावल गईल सदस्यता के खारिज के माग कईल गईल रौनियार जनकारी करावले बानी ।

वार्ड संयोजक लोग के विना सही के छाप के नयाँ क्रियासिल सदस्य लोग के इन्ट्री भईल बदर करे के माग कईल गईल रौनिया जनकारी करावले बानी । पत्रकार सम्मेलन मे क्षेत्र नम्वर २ के पार्टी उपसभापति लक्षमण प्रसाद जयसवाल, करैयामाई नगरपालिका वार्ड नम्वर २ के वार्ड सभापति सुरेश प्रसाद चौधरी, महागढीमा ७ के श्रीनारायण यादव, पचरौता वार्ड नम्वर ६ के हृदयनारायण, सुवर्ण ६ के योगेन्द्र प्रसाद यादव लगायत २६ जने के सहभागिता रहल रहे ।

पत्रकार लोग से सदस्यता खारिज ना होई तब का करब पुछला पर सहभागी लोग आन्दोलन कर के खारीज करावावे के जनकारी करावले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।