महानगर प्रमुख सरावगीद्वारा मानव सेवा आश्रम के केन्द्रीय कार्यालय के अवलोकन भ्रमण

वीरगंज २६ असाढ
वीरगंज महानगरपालिका के नगरप्रमुख विजय कुमार सरावगी मानव सेवा हि सब से जीवन के उत्कृष्ट सेवा भईल बतवले बानी ।
मकवानपुर के हेटौंडा मे रहल मानव सेवा आश्रम के केन्द्रीय कार्यालय के आजु स्थलगत अवलोकन भ्रमण करत महानगर प्रमुख सरावगी मानव सेवा हि सबसे बडका धर्म भईला से मानव सेवा समर्पित सेवकलोग के उच्च सराहना कइनी ।
उ मानव सेवा आश्रम मे रहल आश्रितलोग से भी बातचीत कईले रहनी । वीरगंज माहानगरपालिका मानव सेवा आश्रम वीरगंज के भवन निर्माण के खातिर जग्गा उपलब्ध करावल भवन निर्माण के खातिर जरुरी आर्थिक सहजोग जुटावे खातिर भी पहल करेके विषय मे मानव सेवा आश्रम के केन्द्रीय अध्यक्ष रामजी अधिकारी से छलफल कईल नगर प्रमुख के सचिवालय जनवले बा ।






