नारायणी अस्पताल के बिगडल सिटी स्क्यान मेसिन दु बरीस तक भी ना बनल

वीरगंज २८ असाढ
वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे दु बरीस से सिटी स्क्यान सेवा बन्द बा । अस्पताल मे रहल मेसिन बिगडला के बाद कोरोना के दु गो लहर मे मरेजीलोग सिटी स्क्यान करे ना मिलल ।
दुसरका लहर के कोरोना महामारी मे संक्रमित के छाती मे संक्रमण देखल गईल, माकिर सिटी स्क्यान मेसिन बिगडला पर संक्रमितलोग के बाहर लेजाएके अवस्था सिर्जना भईल नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. उदयनारायण सिंह बतवनी । बाहर जाए ना सकेवाला मरेजी के एक्सरे के भर मे चिकित्सकलोग ईलाज कईलन ।
नारायणी अस्पताल निजी अस्पताल से सस्ता मे सेवा देत अईला मे मेसिन बिगडला के बाद मरेजीलोग समस्या मे पडल बाडन । मुडि के सिटिस्क्यान अस्पताल मे ३ हजार रोपेया रहे । ई बाहर से ५ सय से १ हजार रोपेया सस्ता ह । आउर भाग के सिटिस्क्यान के भी निजी मे नारायणी के शुल्क कम बा ।
सिटी स्क्यान करेवाला मेसिन बिगडला से दु बरीस से सेवा बन्द रहल अस्पताल के रेडियो टेक्नोलोजिष्ट प्रदीप साह जानकारी देहनी । ‘बिगडल मेसिन मर्मत ना भईला पर करिब दु बरीस से सिटिस्क्यान सेवा बन्द बा,’ कहत साह, ‘अस्पताल मे आईल मरेजी के बाहर सिटिस्क्यान करावेके पडला पर बेसी शुल्क तिर के सेवा लेवेके पडि ।’
स्वास्थ्य सेवा विभाग २०७३ साल मे नारायणी अस्पताल के साढे आठ करोड रोपेया के सिटिस्क्यान मेसिन उपलब्ध करवले रहे । तीन बरीस तक मेसिन काम कईलख । २०७६ वैशाख मे मेसिन बिगडल रहे । माकिर मेसिन बिगडला दु बरीस बितला पर भी मर्मत होखे सकल नईखे । मेसिन बिगड के राखला के बाद अस्पताल के सिटिस्क्यान विभाग मे ताला लगावल गईल बा ।
नयाँ मेसिन खरिद करेके तईयारी
मेसिन मर्मत खर्च हि बेसी होखेवाला भईला के बाद अस्पताल से बिगडल मर्मत कईला के बदले नयाँ खरिद करेके तईयारी सुरु कईले बा । अस्पताल साढे ८ करोड के सिटी स्क्यान मेसिन मर्मत ना करके करिब ५ करोड मे नयाँ सिटी स्क्यान मेसिन खरिद करे लागल बा ।
अस्पताल प्रशासन ५० लाख रोपेया खर्च करके भईल मेसिन सञ्चालन मे लिअईला के बदले ५ करोड मे नयाँ मेसिन खरिद प्रक्रिया सुरु कईले बा ।
नयाँ सिटी स्क्यान मेसिन खरिद के खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय अस्पताल के ४ करोड ९७ लाख बजेट देहले रहे । उहे बजेट से टेन्डर आव्हान करके ४ करोड ९१ लाख रोपेया मे नयाँ सिटिस्क्यान मेसिन खरिद करे लागल अस्पताल जनवले बा । मेसिन लियावे के जिम्मा काठमाण्डु के लुम्बिनी हेल्थ केयर प्रालि के मिलल बा ।
पुराना मर्मत कईला पर बहुते खर्च लागेके देखल गईल ओकरा खातिर बजेट सुनिश्चित ना भईला से मर्मत करे ना सकेके अवस्था भईल अस्पताल के निमित्त मेसु डाक्टर वीरेन्द्रबहादुर प्रधान जानकारी देहनी । ‘समय मे बनावे ना सकला पर खर्च बेसी लागेके स्थिति बनल, सम्बन्धित कम्पनी के आदमीसब आके देखला पर ५० लाख रोपेया खर्च देखवले बाडन,’ कहत उ, ‘मर्मत के बाद पहिले के जईसे सेवा दि कहके कउनो ग्यारेन्टी नईखे । कोरोना संक्रमित के ईलाज मे भी जरुरी पडेवाला भईला से नयाँ खरिद करे लागल बा ।’






