भारतीय रेल लिया के जनकपुर–जयनगर रेल्वे ट्रयाक के परीक्षण

जनकपुरधाम ३ सावन
लिक बनावल दु बरीस के बाद जनकपुर–जयनगर रेल्वे खण्ड के ट्रयाक के परीक्षण कईल बा । आपन रेल भईला पर भी भारतीय रेल लियाके ट्रयाक के परीक्षण कईल बा ।
एतवार के दिने भारत के जयनगर से धनुषा के कुर्था तक के ३४ किलोमिटर रुट मे भारतीय रेल लियाके ट्रयाक के परीक्षण कईल बा । नेपाल बितल बरीस खरीद करके लियावल रेल हि ट्रयाक परीक्षण करेके बतावल गईल रहे । माकिर, भारतीय रेल लियाके परीक्षण कईलल बा ।
ट्रयाक परीक्षण कईला पर १२० किलोमिटर प्रति घण्टा चलेवाला भईला पर भी तेजी कम देखल गईल स्थानीय बतवले बाडन ।
ट्रयाक परीक्षण सफल भईल रेल्बे साइट इन्जिनियर बिनोल ओझा बतवनी । “टेक्निकली ट्रयाक ठीक बा । अब रेल चलावल जा सकता” उ कहनी । आपन रेल रहला पर भी परीक्षण के खातिर भारतीय रेल काहे लियावल गईल ? कहके जिज्ञासा मे ओझा परीक्षण के खातिर अलगे यान होखेवाला भईला से भारतीय रेल हि लियाके परीक्षण कईल बतवनी ।
भारतीय रेल ट्रयाक से चलला पर भी जनकपुरधाम रेल्वे स्टेशनसहित अनेकन जगहा मे देखेवाला स्थानीय के भीड लागल रहे ।
नेपाल सरकार बितल बरीस रु ८४ करोड ६५ लाख मे खरीद कईल दु गो रेल बितल बरीस से धनुषा के इनर्वा स्टेशन मे त्रिपाल से तोपके राखल गईल बा । रेल कहिया संचालन मे आई कहके बात के यकीन होखे सकल नईखे ।





