भन्सार ना तिरल आरोप मे कन्टेनर सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज १२ फागुन

वीरगंज से पुलीस भन्सार ना करावल सामान लादल आरोप मे कन्टेनरसहित डाईबर के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

पुलीस बुध के रात वीरगंज महानगरपालिका–१६ गणेशटोलस्थित सडकखण्ड मे एनएल ०१ एल ६५४८ नम्बर के मालबाहक कन्टेनर के रोक के चेकजाँच कईला पर भ्याट बिल मे भईला से बेसी खुद्रा सामानसब लियावल मिलल पुलीस जनवले बा ।

पुलीस कन्टेनरसहित चालक भारत के उत्तर प्रदेश औरैया जिल्ला तैसिल रहेवाला २९ बरीस के सुनिल कुमार के नियन्त्रण मे लेहले बा । उनकर साथ से अनेकन किसिम के चक्लेट तथा बिस्कुटसब बरामद कईल पुलीस जनवले बा ।

समानसहित कन्टेनर के दाम ५५ लाख मूल्याङ्कन करके जरुरी कारबाही के खातिर बियफे के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा मे बुझावल गईल प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।