पर्सा मे एयर गन सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज ०४ सावन
अवैध हथियार सहित पर्सा से पुलीस एक जने के पकडले बा । सखुवा प्रसौनी गाँवपालिका–५ महुवन के ६० बरीस के रामबाबु प्रसाद कलवार के पुलीस पकडले बा । उनकर घर मे खानतलासी करेके समय मे सुतेवाला कोठरी भितर लुकाके राखल एक थान एयर गन मिलला के बाद उनका के पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक ओमप्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।
कलवार घर भितर अवैध रुप मे हथियार लुकाके राखल कहके सूचना के आधार मे सोमार के सबेरे पुलीस टोली उनकर घर खानतलासी कईले रहे । उनका के जरुरी अनुसन्धान के खातिर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे राखल गईल पुलीस जनवले बा ।
हथियार के प्रायोजन के खातिर राखल बा कहके बारे मे अनुसन्धान हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के निरीक्षक दीपक थापा बतवनी ।






