३० बुँदे माग सहित काँग्रेस बुझवल ठोरी अध्यक्ष श्रेष्ठ के ज्ञापन

वीरगंज २८ असाढ,

पर्सा जिल्ला के ठोरो के समग्र विकास मे ध्यान देवेके लगायत के ३० बुँदे माग राखत नेपाली कांग्रेस ठोरी गाँवपालिका मे ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।

कांग्रेस के ठोरी गाँवपालिका संयोजक शम्भुराम पौडेल नेतृत्व के टोलीले गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ के ज्ञापनपत्र बुझवले बा ।

ज्ञापनपत्र मे ठोरी के रेड हिल मे केबुलकार सञ्चालन के खातिर डीपीआर बनावे के लगायत अनेकन ३० बुँदे माग राखल गईल बा ।

स्थानीय सरकार गठन भईला ३ बरीस मे एक अरब ओराए लागला पर भी विकास के अनुभूति सर्वसाधरण से करे ना मिलला से ज्ञापनपत्र मार्फत गाँवपालिका के ध्यानाकर्षण करावल नेपाली कांग्रेस के महासमिति सदस्य वृहस्पतिकृष्ण श्रेष्ठ बतवनी ।

गाँवपालिका मे वैकल्पिक शिक्षा देवे ना सकल, कृषि मे प्राथमिकता देवे ना सकल, कृषक के आत्मनिर्भर बनावे के योजना लियावे ना सकल, पर्यटन के प्रचुर सम्भावना भईला पर भी पर्यटकीय क्षेत्र मे सूचिकृत करे ना सकल आरोप कांग्रेस लगवले बा ।

ज्ञापनपत्र मे कोभिड–१९ अन्यौल मे पडल विद्यार्थी के उत्तम वैकल्पिक स्मार्ट शिक्षा देवेके व्यवस्था मिलावेके, ठुटे, ढेडु, ओडार, ओरिया लगायत के नदीसब के नियन्त्रण के खातिर डीपीआर तइयार करेके, ठोरी अस्पताल मे चिकित्सक सहित के जरुरी सेवा के व्यवस्थापन मिलावेके, शव बहान खरिद करेके, कैयन गाँववासी के सट्टाभर्ना जमिन के धनीपूर्जा ना भईला से ओकरा खातिर पहल करेके माग कईल बा ।

ज्ञापनपत्र बुझावे के कार्जक्रम मे नेपाली कांग्रेस के महासमिति सदस्य वृहस्पति कृष्ण श्रेष्ठ, जिल्ला सदस्य प्रकाश खनाल, ठोरी २ के वार्ड अध्यक्ष किशोर तामाङ लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।