वैद्य–प्रकाश मानव अधिकार पुरस्कार प्रदेश २ के राज्यमन्त्री कर्ण आ देवकोटा के देहल जाई

सप्तरी ४ सावन

वैद्य–प्रकाश मानव अधिकार पुरस्कार प्रदेश २ के आन्तरिक मामिला तथा सञ्चार राज्यमन्त्री रुबी कर्णसहित दु जने के देहल गईल बा । वैद्य–प्रकाश मानव अधिकार पुरस्कार कोष, सप्तरी हरेक बरीस देत आईल पुरस्कार से राज्यमन्त्री कर्ण आ राजविराज के अनिता देवकोटा के सम्मान करेके भईल बा ।

पुरस्कार कोष के सोमार के दिने राजविराज मे बईठल बईठक से कर्ण आ देवकोटा के पुरस्कार से सम्मान करेके निर्णय कईल कोष के सदस्य मनोहर पोखरेल जानकारी देहनी ।

राजनीतिक परिवर्तन आ सामाजिक न्याय के आन्दोलन मे योगदान पुगावत कहत कर्ण के आ दु दशक से एकल महिला समूह के नेतृत्वदायी भूमिका निर्वाह करत मानव अधिकार संरक्षण आ न्याय प्राप्ति के खातिर योगदान पुगावल कहत देवकोटा के पुरस्कृत करे लागल उ बतवनी । खडक नगरपालिका–८ के बासिन्दा कर्ण के २०७७ साल के आ राजविराज नगरपालिका–७ निवासी देवकोटा के २०७८ साल के पुरस्कार देवेके कोष जनवले बा । ५ हजार १ सय नगद तथा सम्मानपत्र सहित दोसल्ला ओढाके उलोग के सम्मान कईल जाई ।

ई पुरस्कार इन्सेक के संस्थापक महासचिव प्रकाश काफ्ले के २९ वाँ स्मृति दिवस के दिन आवेवाला सावन १६ गते वितरण कईल जाई ।

पुरस्कार के रोपेया से स्थापना भईल पुरस्कार

अनौपचारिक क्षेत्र सेवा केन्द्र (इन्सेक)द्वारा २१ वाँ प्रकाश मानव अधिकार पुरस्कार सप्तरी के वैद्यनाथ झा के देहल गईल रहे । प्रेस स्वतन्त्रता सेनानी भी रहल राजविराज नगरपालिका ७ निवासी झा पुरस्कार वापत मिलल नगद ५१ हजार रोपेया से कोष के स्थापना कइनी ।

झा उ रोपेया मे आपन माई चन्द्रादेवी झा ज्येष्ठ नागरिक के हैसियत से मिलत आईल सामाजिक सुरक्षा वापत के ५० हजार बितल बरीस हि जम्मा करके कोष के रकम १ लाख १ हजार पुगवलन । कोष के राशी बढला के बाद पुरस्कार वापत देवेवाला रोपेया मे दु हजार रोपेया थप करके ५ हजार १ सय रोपेया पुगावल गईल झा बतवनी । एकरा से पहिले पुरस्कृत होखेवाला के ३ हजार १ सय देत आईल रहे ।

ई पुरस्कार २०७३ साल से हरेक बरीस मानव अधिकार तथा नागरिक आन्दोलन के अनेकन क्षेत्र मे महत्वपूर्ण योगदान पुगावेवाला आदमी के देत आईल कोष जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।