स्कुल के लईकी के अश्लील भिडियो बनावेवाला युवक पकडईलें

स्कुल के लईकी के अश्लील भिडियो बनावेवाला युवक पकडईलें

वीरगंज ०४ चईत

स्कुल के लईकी आ जनानीलोग के अश्लील भिडियो बनावल आरोप मे पर्सा पुलीस पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका–५ से एक युवक के पकडले बा । पकडाएवाला मे छिपहरमाई गाँवपालिका–५ के ३० बरीस के सज्जाद आलम अहमद रहल बाडन ।

सज्जाद गाँवपलिका क्षेत्र भितर के स्कुल पढेवाला लइकी आ गाँव के जनानीलोग के अश्लील भिडियो बनावल आरोप मे गाँवके लोग एतवार के दिने नियन्त्रण मे लेके पुलीस चौकी भिस्वा के जिम्मा लगवले रहलन । ओकरा बाद स्थानीय कडा कारबाही के माग करत भिस्वा मे टायर बारके प्रदर्शन कईला के साथे बजार भी बन्द करईला के बाद सज्जाद के उहाँ से इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे लियाके राखल प्रहरी निरीक्षक मोहनविक्रम केसी जानकारी देहनी ।

सज्जाद के साथ से एक थान मोबाइल आ २ थान पेनड्राइभ भी बरामद कईल उ बतवनी । साथे उनकर मोबाइल आ पेनड्राइभ मे कुछ अश्लील भिडियो भी मिलल उ बतवनी । कुछ समय पहिले साउदी अरब से वैदेशिक रोजगारी करके नेपाल अईला के बाद एने सज्जाद अईसन गतिविधि मे लागल स्थानीयबासी के आरोप रहल बा ।

आरोपित सज्जाद के इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के हिरासत मे राखल आ पीडितलोग से लिखित जाहेरी लेके आवे खातिर निहोरा कईल केसी बतवनी । उ कहनी, ’पीडित से जाहेरी अईला के बाद उहे आधार मे कारबाही प्रकृया पुलीस अगाडि बढाई ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।