वार्ड अध्यक्ष सहित ३ जने लागु औषध ब्राउन सुगर सहित पकडईलें, छोडावे खातिर बिचौलिया परिचालन

वीरगंज ०४ सावन

पर्सा मे वार्ड अध्यक्ष, वार्ड सदस्य सहित ३ जने लागुऔषध खैरो हेरोइन (ब्राउन सुगर) सहित पकडाईल बाडन । पर्सा के पकाहामैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. १ के वार्ड अध्यक्ष ५५ बरीस के अमेमरीका सहनी, उहे वार्ड के वार्ड सदस्य ४० बरीस के बलिष्टर सहनी आ वार्ड अध्यक्ष अमेमरीका लगेके आदमी ५२ बरीस के रामआदेश सहनी खैरो हेरोइन सहित पकडाईल बाडन ।

समाचार स्रोत के मुताविक ६५० ग्राम खैरो हेरोइन रहल माकिर तीनु जने के ७९ ग्राम खैरो हेरोइनसहित पकडल गईल इलाका प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी निरीक्षक दिपक थापा जानकारी देहनी । ६५० ग्राम मेसे पकडाईल लोग के बेसी सजाय ना होखो कहके सेटिङ्ग भईला के बाद कम मात्रा मे सार्वजनिक कईल गईल समाचार स्रोत दाबी कईले बा ।

वार्ड अध्यक्ष अमेरीका आ वार्ड सदस्य बलिष्टर दुनु जने नेकपा एमाले से निर्वाचित जनप्रतिनिधि हउवन् । सरकारी नम्बर प्लेट के मोटरसाइकल मे जनप्रतिनिधि लागुऔषध ढुवानी कर रहल सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया से खटल टोली वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १९ बर्वास्थित सडकखण्ड से एतवार के रात तीनु जने के पकडले रहे ।

बर्वास्थित तिलावे पुल लगे सडक मे पुलीस वार्ड अध्यक्ष अमेरीका से चला रहल गाँवपालिका के ना १ ब ३५९५ नम्बर के सरकारी मोटरसाइकल रोक के जाँच कईला पर मोटरसाइकल के फिल्टर बक्स भितर लुकाके राखल ७९ ग्राम खैरो हेरोइन बरामद भईल प्रहरी निरीक्षक थापा जानकारी देहनी ।

उहे मोटरसाइकल मे सवार वार्ड अध्यक्ष के लगेके आदमी ५२ बरीस के रामआदेश आ वार्ड अध्यक्ष के पछाडि आरहल ना ६२ प १९४२ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार वार्ड सदस्य बलिस्टर सहनी के भी नियन्त्रण मे लेहल प्रहरी निरीक्षक थापा जानकारी देहनी ।

तीनु जने के जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावल गईल प्रहरी निरीक्षक थापा बतवनी । प्रारम्भिक अनुसन्धान के समय मे वार्ड सदस्य बलिष्टर लागूऔषध तस्करी के स्कर्टिङ कर रहल खुलल प्रहरी निरीक्षक थापा जानकारी देहनी ।

पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक ओम प्रकाश खनाल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के हिरासत मे राख के आउर अनुसन्धान हो रहल बतवनी । अभी खैरो हेरोइनसहित पकडाईल वार्ड अध्यक्ष अमेरीका १२÷१३ बरीस पहिले भी लागुऔषध गाजा ढुवानी मे संलग्न रहल आरोप मे कैद सजाय भुक्तान करके छुटल रहलन ।

वार्ड सदस्य बलिष्टर एक बरीस पहिले मात्र लागू औषध (गाँजा) मुद्दा मे धरौटी मे छुटल रहलन । पकडाईल तिनु जने के छोडावे खातिर कुछ बिचौलियालोग परिचालन भईल बाडन । नेकपा एमाले निकट पार्टी से निर्वाचित वार्ड अध्यक्ष के छोडावे खातिर नेकपा एमाले पार्टी के कुछ नेता कार्यकर्ता एवं पार्टी निकट पत्रकारलोग भी लागल बतावल गईल बा । नेकपा एमाले के कुछ नेता आ एमाले निकट पत्रकार संघ के नेतालोग अभी जिल्ला प्रहरी कार्यालय से अदालत तक दौडधुप सुरु कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।