समाजवादी विद्यार्थी युनियन पर्सा के उपाध्यक्ष सहित ११ जने देहलें राजिनामा

वीरगंज ०६ सावन
जनता समाजवादी पार्टी निकट समाजवादी विद्यार्थी युनियन पर्सा के बरिष्ठ उपाध्यक्ष कृष्ण चौरसिया सहित ११ जने सामुहिक रुपमे राजिनामा देहले बाडन । पार्टी के संघिय परिषद अध्यक्ष डा. बाबुराम भट्टाराई समाजिक सञ्जाल मे हिन्दु धर्म उपर अघात पुगेवाला किसिम से देहल अभिव्यक्ति उपर आपत्ती जनावत खुदसब सामुहिक रुप मे राजिनामा देहल उपाध्यक्ष चौरसिया बतवनी ।
उनका सँगे जिल्ला सचिव राजु राज गिरी, कोषाध्यक्ष सुशिल यादव, सदस्यलोग सन्दीप चौहान, अंकुश मण्डल, प्रित्तम उपाध्याय, रवि गुप्ता, ओमहरी यादव, राजकुमार साह, भुवन गिरी, दिलखुश देवान राजिनामा देहले बाडन ।
उलोग खुदसब आवद्ध रहल संगठन निकट पार्टी के संघिय परिषद अध्यक्ष डा. भट्टाराई आपन टिवटर मार्फत हिन्दु धर्म उपर अघात पुगेवाला किसिम से देहल अभिव्यक्ति उपर खेद भी प्रकट कईले बाडन ।
एकरा से पहिले नेता भटराई बारम्बार हिन्दु धर्म उपर अघात पुगेवाला आ हिन्दु समुदाय के अपमानित होखेवाला किसिम से अभिव्यक्ति देत अईला से हमनी के धर्म आ संस्कृृति उपर आँच पुगेवाला भइला से हमनी उ अध्यक्ष रहल पार्टी निकट विद्यार्थी संगठन के पदाधिकारीलोग सामुहिक रुप मे राजिनामा देवेमे बाध्य भईल चौरसिया बतवनी ।
एकरा साथे पार्टी के विद्यान विपरित एकतर्फी रुप मे संघिय परिषद अध्यक्ष डा. भट्टाराई आ पार्टी अध्यक्ष उपेन्द्र यादव अनेकन प्रलोभन मे पर के मधेश आन्दोलन के मुद्दा भी छोडल निष्कर्ष निकालत खुदसब पार्टी मे रहला के कउनो औचित्य ना रहल ठहर करत राजिनामा देहल जिल्ला सचिव राजु राज गिरी बतवनी ।
नेतालोग मधेश के मुद्दासब आपन निजी मन्त्रालय के लोभ लालच आ स्वार्थ के खातिर बेर बेर धोका भी देत आईल हमनी के निष्कर्ष रहल बा । पार्टी के गतिविधि आ हिन्दु धर्म उपर बारम्बार आघात होखेवाला किसिम से देहल अभिव्यक्ति के घोर विरोध करत पार्टी मे रहला के औचित्य ना भईला से आजु के मिति से पार्टी से सामुहिक रुप मे राजिनामा देहले बानीसन् कहनी ।
समाजवादी विद्यार्थी युनियन पर्सा के अध्यक्ष के बुझावेवाला राजिनामा जनता समाजवादी पार्टी पर्सा, जनता समाजवादी पार्टी नेपाल केन्द्रिय कार्यालय काठमाण्डु, समाजवादी विद्यार्थी युनियन केन्द्रिय कार्यालय काठमाण्डु आ समाजवादी विद्यार्थी युनियन, प्रदेश नं. २ जनकपुर के भी वोद्धार्थ कईल बा ।






