पालिका अध्यक्ष आ अधिकृत के भागबण्डा ना मिलला से धोबिनी मे दवाई ना किनारहल आरोप

पालिका अध्यक्ष आ अधिकृत के भागबण्डा ना मिलला से धोबिनी मे दवाई ना किनारहल आरोप

वीरगंज १३ बैशाख

पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका मे रहल सरकारी स्वास्थ्य संस्थासब मे दवाई के कमी भईला से सेवाग्राहीलोग समस्या मे परल बाडन ।
सरकारी स्वास्थ्य संस्था से ९८ किसिम के दवाई निःशुल्क वितरण करेके नेपाल सरकार के प्रावधान बा । माकिर धोबिनी गाँवपालिका मे रहल पाँच गो स्वास्थ्य संस्थासब मे बितल कुछ महिना से ९८ किसिम के उ दवाई मेसे अधिकांश दवाईसब नईखे । जउना के चलते स्वास्थ्य संस्था मे सेवा लेवे आवेवाला सेवाग्राहीलोग बाध्य होके फिर्ता जाएमे बाध्य भईल स्थानीय के सिकाईत रहल बा ।
गाँवपालिका के बजेट मे दवाई खरिद के शीर्षक मे रकम विनियोजन कईला पर भी पालिका के अध्यक्ष मदन चौहान आ प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत प्रमोद साह बिच कमीशन के भागबण्डा ना मिलला के चलते दवाई खरिद के खातिर वास्ता ना कईल स्थानीयवासीलोग के आरोप रहल बा । लंगडी स्वास्थ्य चौकी के प्रमुख मन्नु पटेल भी कुछ महिना से दवाई ओराईल स्वीकार कईले बानी । उ दवाई ओरईला के चलते स्वास्थ्य चौकी मे आवेवाला सेवाग्राही आ मरेजीलोग के खाली हाथ फिर्ता पठावेमे बाध्य भईल बतवनी । उ दवाई के खातिर गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा मे बेर बेर लिखित रुप मे माग करत अईला पर भी कउनो सुनवाई ना भईल सिकाईत कईनी ।
गाँवपालिका के स्वास्थ्य शाखा संयोजक संजय यादव पालिका से दवाई खरिद ना कईला के चलते स्वास्थ्य संस्थासब मे पठावे ना सकल बतवनी । उ कहनी, ‘हमनी के स्टोर मे जेतना दवाई मौज्दात बा ओहिमेसे पठाके काम चला रहल बानी । दवाई किनेके बारेमे प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत साह से प्रतिक्रिया खातिर फुन सम्पर्क कईला पर सम्पर्क होखे ना सकल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।