वीरगंज से ५ किलो चाँनी के गरगहना सहित एक जने पकडईलें

वीरगंज ०६ सावन

पर्सा पुलीस वीरगंज से ५ किलो अवैध चाँनी के गरगहना सहित एक जने के पकडल गईल बा ।

पकडाएवाला मे सप्तरी राजविराज उपमहानगर २ स्थायी घर भईल अभी चितवन खैरेनी नगरपालिका २ के श्रेया ज्वेलर्स के सञ्चालक ४३ बरीस केक अंगत साह रहल बाडन ।

भारत से अवैध रुप मे चाँनी के गरहना लिया रहल सूचना के आधार मे पर्सा इनर्वा से खटल पुलीस पकडले रहे ।

पकडाईल उनका के जरुरी कारबाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया बारा मे बुझावल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।