पिपरा में अनिल कुमार रुङटा के भव्य स्वागत, गूंजल “हमार नेता, हमार गौरव” के नारा
पिपरा में अनिल कुमार रुङटा के भव्य स्वागत, गूंजल “हमार नेता, हमार गौरव” के नारा

वीरगंज ९ फागुन
पर्सा जिला के प्रतिनिधि सभा निर्वाचन क्षेत्र नं. १ अंतर्गत पिपरा में उम्मीदवार अनिल कुमार रुङटा के स्थानीय बासिंदा लोग भव्य स्वागत कइलें। चुनावी अभियान के दौरान उनका आगमन से इलाका के राजनीतिक माहोल अउरी गरमा गइल बा आ उत्साह चरम पर देखाइल।
पिपरा वडा नं. १४ के बूथ सभापति बिसेश्वर प्रसाद कुर्मी के अध्यक्षता में आयोजित कार्यक्रम में सैकड़ों स्थानीय नागरिक के उल्लेखनीय उपस्थिति रहल। वीरगंज महानगरपालिका अंतर्गत पिपरा क्षेत्र में आज चुनावी गतिविधि खासा तेज देखाइल।
घर-घर जनसंपर्क अभियान पर पहुंचल रुङटा के लोग फूलमाला, अबीर आ आत्मीय शुभकामना से स्वागत कइलें आ खुल के समर्थन जतवलें। प्रचार–प्रसार केन्द्र के उद्घाटन करत ऊ टोल–टोल घूम के मतदाता लोग से सीधा संवाद शुरू कइलें।
कार्यक्रम में खासकर युवा वर्ग के सक्रिय सहभागिता देखे के मिलल। सैकड़ों नागरिक फूलमाला आ अबीर से स्वागत करत विकास, रोजगार, शिक्षा, स्वास्थ्य आ महिला सशक्तिकरण के मुद्दा के प्राथमिकता देवे के मांग रखलें।
सभा के संबोधित करत रुङटा कहलें कि पिपरा के समग्र विकास खातिर सभे पक्ष के सहकार्य जरूरी बा। ऊ समान अवसर आ समावेशी विकास के प्रति आपन प्रतिबद्धता दोहरवले।
कार्यक्रम में सहभागी लोग “हमार नेता, हमार गौरव” के नारा लगावत विकास के यात्रा में साथ देवे के संकल्प लिहलें।स्थानीय नेता लोग के अनुसार गगन थापा के सक्रिय नेतृत्व आ स्पष्ट दृष्टिकोण से पार्टी प्रति युवा वर्ग के आकर्षण लगातार बढ़ रहल बा।
रुङटा भरोसा जतवले कि पर्सा क्षेत्र नं. १ के मतदाता लोग उनका के भारी मत से विजयी बनाइ। ऊ कहलें कि जनता के साथ, समर्थन आ सुझाव के सम्मान करत निरंतर जनसेवा में समर्पित रहिहें।






