हिन्दु धर्म उपर टिप्पणी करेवाला बाबुराम भट्टराई उपर कारवाही के माग

वीरगंज ०६ सावन
नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ जनता समाजवादी पार्टी के संघिय परिषद अध्यक्ष एवम् पूर्व प्रधानमन्त्री डा. बाबुराम भट्टराई उपर कारवाही करेके माग कईले बा ।
डा. भट्टराई आपन ट्विटर के माध्यम से वैदिक सनातन हिन्दु धर्म आ संस्कृति के लक्षित करके बहुते अभद्र आ आपत्तिजनक टिप्पणी कईल कहत महासंघ कारवाही के माग कईले बा ।
विश्व हिन्दु महासंघ के अध्यक्ष केदारनाथ दहाल आ सचिव अभिषेक तिवारी संयुक्त रुप मे विज्ञप्ती जारी करत बहुसंख्यक हिन्दु धर्मावलम्बीलोग के आस्था उपर खेलवाड करत पुर्व प्रधानमन्त्री भी रहल आदमी से कईल अईसन आपत्तिजनक, घृणित आ अभद्र टिप्पणी के कडा शब्द मे निन्दा तथा भत्सर्ना कईल गईल बा ।
विज्ञप्ती मे नेपाल मे रहेवाला हमनी तीन करोड नेपालीलोग मेसे ८४ प्रतिशत हिन्दु तथा ओमकार परिवार करके ९४ प्रतिशत से वैदिक सनातन हिन्दु धर्म संस्कृति आत्मसात कईले बाडन । विदेशी मिसिनरी शक्तिसबद्वारा संचालित व्यक्ति तथा संगठनसब से बेर बेर हिन्दु धर्मावलम्बीलोग के आस्था से खेलवाड करत आईल तथ्य पिछिलका घटनाक्रमसब से उजागर भईल बात जगजाहेर रहल उल्लेख कईल बा ।
एहितरे जारी विज्ञप्ती मे असामाजिक तत्वसब के कानुनी कारवाही होखे ना सकला पर उलोग के दुष्टता आ मनोबल आउर बेसी देखल गईल बा । पुर्व प्रधानमन्त्री डा. भट्टराई के मेहरारु पुर्व मन्त्री हिसिला यमि, पुर्व मन्त्री मो. इस्तियाक राई एहितरे राजनीति विश्लेषक सि.के. लाल जईसन अनेकन पात्रसब द्वारा बेर बेर वैदिक सनातन हिन्दु धर्म आ संस्कृति के लक्षित करके आपत्तिजनक आ अभद्र टीका टिप्पणी हो रहल मिलल उल्लेख कईल बा ।
तसर्थ वैदिक सनातन हिन्दु धर्म आ संस्कृति उपर अईसन आपत्तिजनक तथा अभद्र टिप्पणी करेवाला आदमीसब के जलदी से जलदी कानुनी दायरा भितर लियाके कडा से कडा कारवाही करे खातिर सम्बन्धित निकाय समक्ष नेपाल विश्व हिन्दु महासंघ जोडदार माग कईले बा ।






