घटना के छानविन करे खातिर उच्च स्तरीय टोली रौतहट मे

मेवालाल यादव
रौतहट १० भादो
पुलीस संगठन के हि कलंकित बनावेवाला किसिम से रौतहट मे भईल घटना के सम्वन्ध मे छानविन करे खातिर उच्च स्तरीय टोली रौतहट मे आईल बा ।
बितल सावन ३२ गते रात करिव ८ बजे के समय मे नेपाल पुलीस के उच्च अधिकारीलोग के निर्देशन मे समाचार के खिस सधावे खातिर प्रतिवन्धित लागु औषध मोटरसाइकल मे डालके पत्रकार फँसावेके काम के सत्य तथ्य बुझे खातिर नेपाल सरकार के गृह मन्त्रालय से गठन कईल उच्च स्तरीय छानविन टोली, नेपाल पत्रकार महासंघ केन्द्रिय कार्यालय के उच्च स्तरीय टोली आ राष्ट्रिय मानव अधिकार आयोग के टोली सदरमुकाम गौर पुग के घटना के विषय मे छान विन शुरु कईले बा ।
नेपाल पत्रकार महासंघ केन्द्रिय कार्य समिति के बरिष्ट उपाध्यक्ष रमेश विष्ट के नेतृत्व मे आईल टोली रौतहट के पत्रकारलोग से भेटघाट करके घटना के सम्वन्ध मे जानकारी लेहले बाडन । नेपाल पत्रकार महासंघ रौतहट शाखा मे भईल भेला मे टोली सामुहिक रुप मे छलफल कईले बाडन ।
छलफल के बाद सम्वोधन करत बरिष्ठ उपाध्यक्ष विष्ट जनता के सुसुचित करेवाला कलमजीवि पत्रकार के राज्य पक्ष से फँसावे के काम निन्दनीय रहल कहत घोर निन्दा कईले बाडन ।
पत्रकारिता पेशा मे संलग्न रहल पत्रकारलोग आपन व्यवहार, आचरण, बानी मे सुधार लियावल जरुरी रहला से अपने से अईसन घटना हो रहला से सचेत होके काम करे खातिर भी सुझाव देहनी ।
रौतहट के घटना से पत्रकार उपर के सुरक्षा चुनौती थपाईल कहत घटना मे संलग्न भईल के कानुनी दयारा मे लियावे खातिर महासंघ एककदम पछाडि ना हटेके प्रतिवद्धता जनवनी ।
पत्रकारलोग के हकहित, भौतिक सुरक्षा उपर महासंघ गम्भीर भईला से दोषी देखल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रमुख, सिनियर अधिकृत से जवानलोग के कारवाही करावे खातिर प्रधानमन्त्री, गृहमन्त्रि लगायत के सम्वन्धित निकाय मे दवाव देवेके बतवनी ।
छलफल मे सहभागी भईल केन्द्रिय सदस्य शिव पुरी, प्रदेश सदस्य शैलेन्द्र झा, जिल्ला अध्यक्ष प्रेमचन्द्र झा, जिल्ला सचिव मदन ठाकुर, पुर्व अध्यक्ष शैलेन्द्र कुमार गुप्ता, वरिष्ठ पत्रकार विनयलाल दास, पत्रकार प्रभात कुमार झा, फनिदेव महत लगायत के संचारकर्मीलोग पत्रकार मोहमद मोजिबुल्लाह के लागु औषध मुद्दा मे फँसावेके घटना मे प्रहरी उपरीक्षक शिद्धि विक्रम शाह, प्रहरी नायव उपरीक्षक नारायण प्रसाद चिमोरिया के प्रत्यक्ष संलग्नता देखल गईला से निलम्वन मात्र ना करके कानुनी कारवाही करेके माग कइनी ।
घटना के विषय मे छानविन करे खातिर एसएसपी के नेतृत्व के पुलीस के उच्च स्तरीय टोली घटना के बारे मे अनुशन्धान कईल सुरु कईले बा ।






