युवा संघ नेपाल बारा नेकपा एकिकृत समाजवादी मे समाहित

प्रभु यादव

बारा १० भादो

युवा संघ नेपाल बारा शाखा नयाँ दर्ता भईल नेकपा एकीकृत समाजवादी मे समाहित भईल बा । वियफे के प्रेस विज्ञाप्ती जार कर के युवा संघ नेपाल बारा शाखा के अध्यक्ष राम यादव आ जिल्ला ईन्चार्ज राजेश पटेल जनकारी करावले बानी ।

नेकपा एमाले के युवा सब के भातरी संगठन नया पार्टी बनल माधव कुमार नेपाल के नेतृत्व नेकपा एकीकृत समाजवादी मे जिल्ला कमिटी समाहित भईल विज्ञाप्ती जनकारी करावल गईल बा ।

दक्षिणपन्थी विसर्जवाद, विकृती अन्याय आ विसगती के विरूद्ध आन्दोलन करत आरहल कम्युनिस्ट आन्दोलन आ संस्कृती के रक्षा मुलुक के सम्वृद्धी एवं जनता के सुखी प्रदान करेला लक्ष्य सहित के नया दल दर्ता भईल नेकपा एकीकृत समाजवादी के थप उर्जाशिल आ मजवुत बनावे खातिर युवा संघ नेपाल बारा कमिटी समाहित भईल प्रेस विज्ञाप्ती मे जनकारी करावल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।