१५ वरीस के लईकी के करणी करेवाला पकडईलें

प्रभु यादव
बारा ११ भादो
बारा मे १५ बरीस के लईकी के करणी करेवाला के पुलसि पकडले बा ।
फेटा गा.पा.वार्ड नं. १८ मोतिसर टोल के रहनियार बरीस २१ के सुजित कुमार साह के पकडल गईल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी । १५ वरीस के नाबालिक लईकी के ८ महिना से लालच देके भुलिया के जबर्जस्ती करणी करत आईल साह के पकडल गईल प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।
लईकी के करिब ७ महिना के पेट मे गर्भ बनावल अभियोग मे सुजित कुमार साह के वियफे के दिन पकडाईला पर जबरजस्ती करणी मुद्दा मे सम्मानित बारा जिल्ला अदालत से पहिलका बेर ५ दिन के म्याद अनुमति लेके हिरासत मे राख के थप अनुसन्धान कईल जारहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।





