अन्तर्राष्ट्रिय मातृभाषा दिवस के अवसर पर किताब विमोचन समिक्षा आ कृति मुल्यांकन कार्जक्रम

अन्तर्राष्ट्रिय मातृभाषा दिवस के अवसर पर किताब विमोचन समिक्षा आ कृति मुल्यांकन कार्जक्रम

प्रभु यादव

बारा ०९ फागुन

बारा के कलैया मे अन्तर्राष्ट्रिय मातृभाषा दिवस के अवसर पर भोजपुरी किताब के विमोचन समिक्षा आ कृति मुल्यांकन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रध्यापक उपेन्द्र सहनी भोजपुरी के विकास करेला समाज मे रहल लोग अगाडि बढेके परल कहके बतवले बानी । भोजपुरी भाषा के पूर्ण लागू करेला स्कूल, क्याम्पस मे पढाइ करावेके पडल सहनी बतवले रहनी ।
सिम्रौनगढ नगरपालिका के मेयर किशोरी साह कलवार अपने भोजपुरी खातिर हर समय सहजोग करेके प्रतिबद्धता जनवनी । भोजपुरी के अगाडि बढावेला कवनो कार्जक्रम कररहल बानी त हमरा ओर से आर्थिक सहजोग होखी कहके मेयर कलवार जानकारी करवले रहनी ।
प्रमोद पाण्डे हेरम्ब साहित्यकार भोजपुरी संजिवनी के समीक्षा कईले रहनी । रामप्रसाद पाण्डे ठाकुरराम क्याम्पस के प्रध्यापक रमरतिया किताब के समीक्षा कईले रहनी । नेपाल मे गणतन्त्र आईल सभे भाषा के विकास होखे खातिर राज्य व्यवस्था कईले माकिर स्थानिय सरकार पछाडी कईले बा जवना के कारण भोजपुरी मे किताब छापल बा माकिर पढाइ ना होरहल पाण्डे बतावले बानी ।
पर्सा, बारा, रौतहट आ सर्लाही मे भोजपुरी भाषी के बहुलता रहल बा ओकरा खातिर सभे लोग के अगाडि बढ के काम काज मे लागू करावे के पाण्डे बतवले रहनी । भोजपुरी भाषा मे सभे से अधिक मिठास सरलता रहल पाण्डे बतवले रहनी । सभे केहु के रचनात्मक आ दिर्घकालीन रूप मे लाग के भोजपुरी भाषा के विकास खातिर अगाडि बढेके परल बतावले बानी । भोजपुरी भाषा के प्रकाशित कृति सभे मे से पढाइ होरहल संस्था सभे मे पढाइ करावेला राखला से होईत पाण्डे जोरदेहल रहनी ।
बतहु यादव, रविन्द्र मिश्र, प्रिया मिश्रा, छोटेलाल साह, अजमत अल्ली, अस्मिता पटेल, सुरेन्द्र गिरी, रंजित पाण्डे, श्रीप्रसाद पासवान आ रामेश्वर मेहता भोजपुरी भाषा के विकास करेला सभे अपन ठाँव से अगाडि बढेके पडल बतावले बानी । कार्जक्रम भोजपुरी प्रतिष्ठान नेपाल बारा के अध्यक्ष रामप्रसाद साह के सभापतित्व आ सुरेश मोदक के सञ्चालन मे भईल रहल रहे । साहित्यकार लोग के गम्छा आ दोसल्ला ओढा के समान कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।