प्रदेश २ मे भारतीय पर्यटक बढावे खातिर नयाँ योजना

वीरगंज १४ भादो

नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश २ मे पर्यटन गतिविधिसब बढावेके भईल बा ।

ओकरा खातिर सोमार के दिने वीरगंज मे बईठल नेपाल उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश २ के बईठक से अनेकन निर्णय कईले बा । प्रदेश २ के पर्यटन क्षेत्र मुख्य रुप मे भारतीय पर्यटक मे निर्भर बा ।

ओहिसे प्रदेश २ मे भारतीय पर्यटक लियावे खातिर सहज वातावरण सिर्जना करे खातिर अनेकन कार्जक्रम करेके निर्णय बईठक से कईले बा । नेपाल भारत सीमा मे होखेवाला समस्या सहज बनावेके, सिमरा से पोखरा तक के हवाई उडान सेवा संचालन के स्थायीत्व देवे खातिर जरुरी योजना बनावेके लगायत निर्णयसब कईल उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश नम्बर २ के पर्यटन तथा हवाई यातायात समिति के सहसंयोजक सञ्जय अग्रवाल जानकारी देहनी ।

एहितरे प्रदेश २ मे रहल पर्यटकीय स्थलसब के पहिचान तथा व्यावस्थापन करेके निर्णय भी कईल बा । उ पर्यटकस्थलसब मे भारतीय पर्यटकसब के सहज पहुँच के खातिर यातायात सेवा के खातिर ट्याक्सी आ अटो चालक के तालिम देवेके निर्णय भी कईल अग्रवाल बतवनी ।

भारतीय सीमा मे सुरक्षाकर्मीलोग से होखेवाला ज्यादती रोके खातिर भारतीय सीमा क्षेत्र के सुरक्षाकर्मीलोग से बतकही करेके निर्णय भी कईल उ बतवनी । बारा के सिमरा से पोखरा तक भादो १६ गते से हप्ता के तीन दिन हवाई उडान सेवा सुरु होत बा ।

भादो १६ गते सिमरा पोखरा हवाई उडान सेवा के उद्घाटन गण्डकी प्रदेश के पर्यटन, उद्योग, वाणिज्य तथा आपूर्तिमन्त्री मणीभद्र शर्मा से करेके तय भईल बा । उ अवसर मे गण्डकी प्रदेश से आवेवाला पाहुनालोग के प्रदेश २ के पर्यटकीय स्थलसब के भ्रमण कराके दु रात तीन दिन राखेके योजना भी बनावल गईलल अग्रवाल बतवनी ।

उद्योग वाणिज्य महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष गणेश लाठ के अध्यक्षता मे बईठल बईठक मे नेपाल एसोसिएसन अफ टुर तथा ट्राभल एजेन्ट्स (नाटा) के प्रदेश २ के अध्यक्ष मोहन शर्मा लामिछाने, वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के वरिष्ठ उपाध्यक्ष अनिल अग्रवाल, उपाध्यक्ष माधव राजपाल, नेपाल युवा उद्यमी मन्च के अध्यक्ष अनुप अग्रवाल, जितपुर सिमरा नगर उद्योग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष शीवजी साह लगायत के उपस्थिती रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।