बाढ से बन्द पूर्व–पश्चिम राजमार्ग के सडकखण्ड चालु

रौतहट २६ असाढ

लगातार के वर्षात के चलते पूर्व–पश्चिम राजमार्ग के चन्द्रपुर पौराइ खण्ड मे रात से अवरुद्ध भईल सडक मे बडका सवारी साधन चले लागल बा ।

चन्द्रपुर २ स्थित चादी पारी रहल लच्का मे बाढ से सडक अवरुद्ध कईले बा ।

बियफे के रात से पडल लगातार के वर्षात के बाद रात से हि सडक अवरुद्ध भईल रहे ।

राजमार्ग मे चलेवाला बडका साधन के पालहा से पार करईला पर भी छोटा साधन के संचालन मे समस्या बा ।

बाढ कुछ कम भईला के बाद बडका गाडी के पालहा से करके आवतजावत करे खातिर व्यवस्था मिलावल इलाका प्रहरी कार्यालय चन्द्रनिगाहपुर के डिएसपी हेमबहादुर शाही जानकारी देहनी ।

लच्का मे बाढ के चलते रात से करिब ३ सय के हाराहारी मे मालबाहक ट्रक, साना जीप, कार, मोटरसाइकल आ एम्बुलेन्स रोकल रहे ।

जोखिमपूर्ण रुप मे कुछ आदमी मोटरसाइकल चला के वारपार कर रहल बाडन आ कुछ काँध मे साइकल लेके आवतजावत कर रहल बाडन । हरेक बरीस लच्का मे बाढ आके यातायात अवरुद्ध हो रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।