सहीद राममनोहर यादव के श्रद्धाञ्जली कार्जक्रम मे कम्बल बाँटल गईल

वीरगंज १५ भादो

जनमत पार्टी पर्सा सहीद राममनोहर यादव के श्रद्धाञ्जली सभा पुरा कईले बा । सहादत दिवस २०७८ के अवसर मे पार्टी पर्साद्धारा वीरगंज के घण्टाघर मे श्रद्धाञ्जली सभा पुरा कईले बा ।

उ अवसर मे गरिब बिपन्न परिवार के कम्बल बाँटल गईल बा । जनमत पार्टी के समाज कल्याण प्रतिनिधि संतोष कुमार साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १२ के नेहा तत्वा, वार्ड नं. १६ के तुलसी राम, पर्सागढी नगरपालिका वार्ड नं. ५ के हरिन्द्र पासवान, जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ६ के राजु राम आ बिन्दवासिनी गा.पा वार्ड नं. २ के रंजित चौरसिया के कम्बल बाँटल गईल बा ।

कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि राष्ट्रिय उपाध्यक्ष ई. बसन्त कुशवाहा, महिला केंद्रीय उपाध्यक्ष अनीता रौनियार, जिल्ला अध्यक्ष चन्दन चौहान, जिल्ला सचिव बिनय यादव, जिल्ला उपाध्यक्ष सोबो खातून, जिल्ला सह सचिव बिजय यादव, बिराजुल यादव, राजेश यादव लगायत के लोग गरिब बिपन्न लोग के कमल ओढा के सम्मान कईले रहनी ।

एहितरे जनमत पार्टी जिल्ला समन्वय समिति पर्सा राम मनोहर यादव के श्रद्धाञ्जली सभा के अवसर मे सँझिया वीरगंज के घण्टाघर मे दिप प्रज्जवल कईले बा । पार्टी पर्सा अध्यक्ष चन्दन चौहान के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथि केन्द्रिय उपाध्यक्ष ई. बसन्त कुहवाहा, समाज कल्याण प्रतिनिधि संतोष कुमार साह, जिल्ला सचिव बिनय यादव, सह सचिव बिराज प्रसाद यादव, एहितरे राजु राज गिरी, रबि कुमार साह, विकास यादव, रियाज आलम, जय कुमार साह लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।