नक्कली बेटा बन के भारतिय नागरीक नेपाली नागरिक्ता लेहल खुलासा स्थानियद्धारा नागरिक्ता खारेजी सहित कारवाही के माग

प्रभु यादव
बारा २३ अगहन
रौतहट के साबिक गाबिस डुमरिया अभि ईशनाथ नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ से नेपाली बन के एक जने भारतीय नागरिक नेपाली नागरिकता लेहला मे खारेजी करे के माँग उठल बा ।
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका वार्ड नम्वर १ देवक्कीलाल धर्मशाला मे पत्रकार सम्मेलन मे नागरिकता खारिज करे खातिर निहोरा कईल गईल बा ।
भारत के मोतिहारी जिल्ला पुवी चम्पारण लतिहानवा निवासी रामअधार साह बनिया उर्फ चटिया बाबा नेपाल के संविधान के चुनौती देत रौतहट के साबिक डुमरिया गाँव विकास समिति से भोला साह बनिया के धर्मपुत्र वन के नाटकिय रुप मे नेपाली नागरिता २०५१ साल माघ महिना के १६ गते ना.प्र.प. १९४४ नम्बर के नागरिता लेहले बाडन जवना नागरिक्ता के खारेजी आ नागरिक्ता लेवेवाला अउरी दिलावेवाला दुनु जने के हदे तक के कारयवाही गरे के पत्रकार सम्मेलन माग कईल गईल बा ।
बारा के बहुते जगह के स्थानिय लोग प्रभात बिक्रम शाह, जाहिर अंसारी, जोगेन्द्र महतो, राकेश आार्चय, सरफुल्ला अंसारी, मुनिलाल साह, महन्थ साह कुर्मी, बिरजु साह कानु, उतिमचन्द पासवान लगायत के लोग पत्रकार सम्मेलन कर के नागरिकता खारेजी के माँग कईले बाडन । भोला साह के दु जने लडका रामबाबु आ अजय रहते भारतीय के धर्मपुत्र बना के नागरिकता दियावल कानुन बिपरित भईल दावी पत्रकार सम्मेलन करेवाला लोग के दाबी रहल बा ।
रामअधार साह नक्कली बेटा बन के नेपाली नागरिकता लेवे मे सफल भइल बाडन जवना बात के जानकारी डुमरिया के स्थानिय लोग मे ना होखो मनसाय से रौतहट से महागढीमाई नगरपालिका वार्ड नम्बर २ बरियापुर बारा मे आके घर बनाके कपडा के ब्यवसाय समेत संचालन करहल जानकारी पत्रकार सम्मेलन मे करवले रहलन ।
रामअधार के भाई लोग योगेन्द्र आ जागरनाथ भारतीय अधार कार्ड भी लतिहानवा मे रहला से भारतिय रहल प्रमाणित बा महागढीमाई के स्थानिय प्रभात बिक्रम शाह जानकारी करावले बानी ।
रौतहट ईशनाथ नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ के वार्ड अध्यक्ष रामबाबु यादव महागढीमाई नगरपालिका बारा के मिति २०७५ साल असार २६ गते च. न. २३३९ के पत्र से रामअधार भोला के धर्मपुत्र ना रहल जवाफ पठावले बा ।
ई सम्बन्ध मे रौतहट के प्रमुख जिल्ला अधिकारी इनरदेव यादव से बुझला पर खोजबिन, अनुसंन्धान करल जारहल बा दोषी मिलला पर कानुन बमोजिम कारवाही करे के प्रतिक्रिया देहले बानी ।






