पेस्तोल सहित २ जने पकडईलें

प्रभु यादव

बारा १५ भादो,

बारा के सिम्रौनगढ से दु जनेके युएस के पेस्तोल सहित पुलीस पकडले बा । गोप्य सूचना के आधार मे मंगर के सझिया ४ बजे के समय मे २ नं. प्रदेश प्रहरी कार्यालय जनकपुर आ जिल्ला प्रहरी कार्यालय मातहत के संयुक्त प्रहरी टोली सिम्रौनगढ नगरपालिका वार्ड नं.६ मे रहल बिधायक होटेल से पेस्तोल सहित दुनु जने के पकडले बा ।

पकडाई सिम्रौनगढ न.पा.४ गंगानगर के ३५ बरीस के राजेश प्रसाद यादव आ २० बरीस के जितेन्द्र प्रसाद कुशवाहा रहल प्रहरी प्रवक्ता गौतम मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडाईल यादव आ कुशवाहा के साथ से लुकाछिपा के राखल अवस्था मे ःबमभ ष्ल ग्क्ब् नं.७७७७० लिखल म्याग्जिन सहित पेस्तोल थान–१ आ एक्स्ट्रा म्याग्जिन थान–१ सहित पकडल गईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्र जनकारी करावले बानी ।

पकडाईल दुनु जने के हाथहतियार मुद्दा मे अनुसन्धान करके कारवाही के काम अगाडि बढावल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।